बलिया के गड़हा महोत्सव में भोजपुरी के धूम

by | Nov 12, 2012 | 1 comment

शनिचर के रात बलिया के गड़हा में गड़हा विकास मंच क तरफ से हर साल का तरह एहू साल विशाल गड़हा महोत्सव के आयोजन धूम धाम से भइल. उद्घाटन कइलन भाजपा के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही जे आपन उद्घाटन भाषण भौजपुरिए में दिहलन. समारोह में बलिया से सांसद सपा के नीरज शेखर आ सपा के राष्ट्रीय सचिव डा॰ राजीव राय शामिल भइलन. भोजपुरी से जुड़ल हर सभा समारोह के परंपरा बन गइल आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मुद्दा एहीजो उठावल गइल.

गड़हा महोत्सव के प्रचार में धूमधाम से अनेके बड़का सितारन के नाम लिहल गइल रहे खास करिके खेसारीलाल यादव के बाकिर ऊ अइलन ना आ लोग जे बा कि सगरी रात तिकवत रहि गइल खेसारी के.

समारोह में जम के गीत गवनई नृत्य के प्रस्तुति प्रदर्शन भइल. मालिनी अवस्थी एह बात पर अफसोस जाहिर कइली कि अतना महत्वपूर्ण आयोजन के अबहीं ले प्रदेश के राजकीय कार्यक्रम का सूची में शामिल नइखे कइल गइल. एह सूची में शामिल भइला का बाद आयोजन के खरचा सरकार से मिले लागेला. बतवली कि राजस्व मंत्री अंबिका चौधरी भरोसा दिहले बाड़न कि जल्दिए एकरा के राज्य सूची में शामिल कर लिहल जाई.

गड़हा महोत्सव में मालिनी अवस्थी का अलावे रवीन्द्र राजू, गोपाल रय, जयप्रकाश जिद्दी, रविरंजन, अन्नू दुबे, अंजली भारद्वाज, मुन्ना सिहं, आनंद मोहन, अजीत आनंद, शिवानी प्रिया, संगीतकार अजय सतीश वगैरह आपन प्रस्तुति दिहल लोग.

भरौली में आयोजित एह कार्यक्रम में व्यवस्था बनावे खातिर आठ थाना के थानाध्यक्ष अपना सिपाहियन का साथे तैनात रहलन जवना से भीड़ पर काबू पावल गइल ना त रहि रहि के भीड़ उमक पड़त रहुवे बैरियर फाने ला.


(अखबार से मिलल जानकारी से. फोटो दैनिक जागरण से साभार)

Loading

1 Comment

  1. नीमन सिंह

    निक समारोह के सब के बढ़ावा देबे के चाहीं ,मालिनी अवस्थी के भी प्रयास कर के इ मुकाम दिलावे के चाहि.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up