दिल्ली में छठ पूजा के तइयारी जोर धइलसि

by | Nov 17, 2012 | 0 comments

मुख्‍यमंत्री शीला दीक्षित के ज्ञापन सँउपत भोजपुरी समाज दिल्‍ली के अध्‍यक्ष अजीत दुबे आ पूर्वांचल के अउरी समाजसेवी आ बुद्धिजीवी

दिल्ली में छठ पूजा के तइयारी अपना चरम पर बा. शनिचर का दिने नहाय खाय क साथ ही चार दिन के महापर्व छठ पूजा के शुरुआत हो जाई. छठ पूजा खातिर जरूरी पूजन सामग्री बिहार, उत्तर प्रदेश आ झारखंड के शहरन से राजधानी दिल्ली पहुंच चुकल बा. भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे बतावत बाड़ें कि अबकी दिल्ली में एक हजार से अधिका जगहन पर छठ पूजा करे के तइयारी भइल बा. दिल्ली सरकार 49 गो बड़का घाटन पर साफ-सफाई से लगाइत सुरक्षा आ सीसीटीवी कैमरा के इंतजाम कइले बिया. एकरे अलावे अनेक इलाकन में स्थानीय लोग अउर संस्थन के मदद से छठ पूजा के आयोजन कइल गइल बा. अजीत दुबे कहलन कि अबकिओ छठ घाटन पर 35 लाख से अधिका लोगन के भीड़ जुटे वाली बा हालांकि छठबरती लोग पाँचे छह लाख रही काहें कि बहुते लोग छठ करे अपना अपना गाँवे चल गइल बा.

श्रद्धालु एह पर्व के बिना कवनो दिक्कत परेशानी के मना सकसु, एह ला दिल्ली सरकारो अपना ओर से कवनो कोर कसर बाकी नइखे छोड़ले. गौरतलब बा कि भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे के अगुआई में पूर्वांचल के बुद्धिजीवियन आ समाजसेवियन के एगो प्रतिनिधिमंडल पिछला 14 नवम्बर के दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित संगे एगो बइठक कइल आ उनुका से छठ का मौका पर जरूरी सुविधा (जइसे कि घाटन के साफ-सफाई, यमुना नदी में पानी, सुरक्षा वगैरह) मुहैया करावे के निहोरा कइलसि आ साथ ही पूर्वांचल ला विशेष रेलगाड़ीयन के चलवावे ला गोहार लगवलसि.

एह बइठक में मुख्यमंत्री के संसदीय सचिव विधायक मुकेश शर्मा के बड़हन भूमिका रहल आ मुख्यमंत्री सकारात्मक कार्रवाई के आश्वासन देत कुछ मुद्दन पर ओहिजे निर्देशो जारी कर दिहली. पिछला तीन दिन में दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित छठबरतियन के सुविधा ला बहुते काम कइले बाड़ी जवना में यमुना नदी में पानी छोड़े ला हरियाणा सरकार से बातचीत कइल, छठ घाटन के साफ-सफाई करावल, आ चुस्त-दुरूस्त सुरक्षा व्यवस्था ला जरूरी उपाय कइल आ पर्याप्त रेलगाडियन के इंतजाम करे ला रेल मंत्री पवन बंसल से बातचीत खास बा.

छठ पर्व पर श्रद्धालुअन के सुविधा ला सरकारी इंतजामन पर संतोष जतावत अजीत दुबे कहलन कि सरकार के ई पहल दिल्ली के कुल आबादी के पचीस फीसदी पूर्वांचलियन आ लोक आस्था के एह पर्व खातिर आस्था आ सम्मान देखावत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up