भोजपुरिया स्क्रीन पर साल 2013 में गायक राकेश मिश्रा अभिनेता बनके उतरत बाड़ें डा॰ सुनील कुमार के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से. एह फिलिम के रसेज देख के डा॰ सुनील उनका के अउरी दू गो फिलिम ला साईन कर लिहले बाड़न. आदि शक्ति इंटरटेनमेंटो अपना अगिला फिलिम ला राकेश मिश्रा के साईन कइले बा त वेब म्यूजिक कंपनी के कुमार गौतम के को-प्रोड्यूसर वाली एगो फिलिम में राकेश के बतौर नायक साईन कइल गइल बा.
बिहार के आरा जिले के मोहनपुर गांव के निवासी राकेश मिश्रा के एलबम के जोर सगरी दुनिया में चलत बा. उनकर फैन्स फालोइंग जबरदस्त बा. डा॰ सुनील के कहना बा कि ऊ नया कलाकारन के कबो चांस ना देसु बाकिर राकेश के क्रेज बिहार में देखले बाड़े आ एहीसे राकेश के फाइनल कर लिहलें. राकेश मिश्रा के हिट एलबम के बात कइल जाव त ‘ए रजऊ’, ‘अलग अंदाज़ बा’, ‘दबंग कावरिया’, ‘दुलरी हमार मईया’, ‘दमदार फगुआ बा’, ‘फेरा में रहेली’, ‘आवे के पड़ी ए मईया’, ‘दीहीं लगनवा ए छठी मईया’ वगैरह खास बाड़ी सँ.
‘प्रेम दिवानी’ के बारे में राकेश कहतारें कि एह फिलिम में सगरी वरिष्ठ कलाकार रहला का बावजूद उनुका कवनो परेशानी ना भइल. भरपूर प्यार आ सहारा दिहल. नायिका रानी चटर्जी बहुते सहयोग कइली. शूटिंग का दौरान बगल का सेट पर डा॰ सुनीले के फिलिम ‘दिलेर’ के शूटिंग चलत रहे आ ओकर नायक दिनेशलाल यादवो बहुते मदद कइलन राकेश के. डा॰ सुनील के आपन गॉड फादर बतावेले राकेश. वेब म्यूजिक के कुमार गौतमो के भरपूर तारीफ करत बतवले कि गौतमे उनुका के एलबम के दुनिया देखवलें. अपना सीनियर गायकन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव, आ पवन सिंह, सबहीं के जमके तारीफ करेलें राकेश.
‘प्रेम दिवानी’ के निर्देशक दिनेश यादव के तारीफ करत राकेश मिश्रा बतवलें कि उनुका मालूम बा कि नया कलाकारन से कइसे काम निकालल जाला. दोस्त बने के काम करावत रहलें बाकिर गलतौ पर डाँटतो रहलें जवना से एगो नया उत्साह मिल जात रहे काम करे के. अपना साथी कलाकारनों, संजय पांडे, अवधेश मिश्रा आ अयाज खान, के खूब तारीफ करेलें राकेश.
(शशिकांत सिहं)
0 Comments