एह साल परदा पर कब्जा रही राकेश मिश्रा के

by | Mar 11, 2013 | 0 comments

RakeshMishraभोजपुरिया स्क्रीन पर साल 2013 में गायक राकेश मिश्रा अभिनेता बनके उतरत बाड़ें डा॰ सुनील कुमार के फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से. एह फिलिम के रसेज देख के डा॰ सुनील उनका के अउरी दू गो फिलिम ला साईन कर लिहले बाड़न. आदि शक्ति इंटरटेनमेंटो अपना अगिला फिलिम ला राकेश मिश्रा के साईन कइले बा त वेब म्यूजिक कंपनी के कुमार गौतम के को-प्रोड्यूसर वाली एगो फिलिम में राकेश के बतौर नायक साईन कइल गइल बा.

बिहार के आरा जिले के मोहनपुर गांव के निवासी राकेश मिश्रा के एलबम के जोर सगरी दुनिया में चलत बा. उनकर फैन्स फालोइंग जबरदस्त बा. डा॰ सुनील के कहना बा कि ऊ नया कलाकारन के कबो चांस ना देसु बाकिर राकेश के क्रेज बिहार में देखले बाड़े आ एहीसे राकेश के फाइनल कर लिहलें. राकेश मिश्रा के हिट एलबम के बात कइल जाव त ‘ए रजऊ’, ‘अलग अंदाज़ बा’, ‘दबंग कावरिया’, ‘दुलरी हमार मईया’, ‘दमदार फगुआ बा’, ‘फेरा में रहेली’, ‘आवे के पड़ी ए मईया’, ‘दीहीं लगनवा ए छठी मईया’ वगैरह खास बाड़ी सँ.

‘प्रेम दिवानी’ के बारे में राकेश कहतारें कि एह फिलिम में सगरी वरिष्ठ कलाकार रहला का बावजूद उनुका कवनो परेशानी ना भइल. भरपूर प्यार आ सहारा दिहल. नायिका रानी चटर्जी बहुते सहयोग कइली. शूटिंग का दौरान बगल का सेट पर डा॰ सुनीले के फिलिम ‘दिलेर’ के शूटिंग चलत रहे आ ओकर नायक दिनेशलाल यादवो बहुते मदद कइलन राकेश के. डा॰ सुनील के आपन गॉड फादर बतावेले राकेश. वेब म्यूजिक के कुमार गौतमो के भरपूर तारीफ करत बतवले कि गौतमे उनुका के एलबम के दुनिया देखवलें. अपना सीनियर गायकन, मनोज तिवारी, दिनेश लाल यादव, आ पवन सिंह, सबहीं के जमके तारीफ करेलें राकेश.

‘प्रेम दिवानी’ के निर्देशक दिनेश यादव के तारीफ करत राकेश मिश्रा बतवलें कि उनुका मालूम बा कि नया कलाकारन से कइसे काम निकालल जाला. दोस्त बने के काम करावत रहलें बाकिर गलतौ पर डाँटतो रहलें जवना से एगो नया उत्साह मिल जात रहे काम करे के. अपना साथी कलाकारनों, संजय पांडे, अवधेश मिश्रा आ अयाज खान, के खूब तारीफ करेलें राकेश.


(शशिकांत सिहं)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up