निर्देशक धीरज कुमार के मनोज तिवारी स्टारर फिल्म ’ऐलान’ से आपन पहचान बनावे वाली अभिनेत्री मोनिका सिंह अब खेसारी लाल यादव संगे फिलिम ’तेरी कसम’ में नज़र अइहें. निर्माता निर्देशक हउवें अनिल सिनकर जिनकर पहिलका फिलिम रहल ’गज़ब सिटी मारे सईयां पिछवाड़े’. तेरी कसम पूरा तरह से रोमांटिक आ एक्शन भरल मसाला फिलिम हवे.
मोनिका सिंह के कहना बा कि उनुका जवन मिलल तवन सिनेमा भोजपुरी॓ का बदौलत. अब भोजपुरी से बहुते अपनापा बन गइल बा. वइसे हईं त देहरादून के बाकिर पढ़ाई लिखाई खत्म होखते हम सीधे मुंबई आ गइनी फिलिमन में भाग्य आजमावे. अनेके हिन्दी फिलिम आ धारावाहिकन में अभिनय कइनी जइसे कि मुजफ्फर अली के धारावाहिक कुली, कुति शाहा सहारा वन के घर एक सपना, स्टार प्लस के हर घर कुछ कहता है, छूना है आसमां, डी डी वन के ’अधुरा बंधन’, महुआ टी वी के ’बड़का साहब’ वगैरह. चार गो हिन्दी फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ ’’एडमिशन ओपन’’, ’’टूमोरो’’, ’’द थर्टिन डे’’, आ ’’शकल पे मत जा’’ बाकिर जवन प्यारर, दुलार आ सम्मान सिनेमा भोजपुरी से मिलल ओकरा से बहुते खुश बानी. भोजपुरी में अबहीं ले दु गो फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ निर्देशक धीरज कुमार के ’’ऐलान’’, आ बलजीत सिंह के ’’गजब सिटी मारे सईयां पिछवाड़े’’.
मोनिका के आवेवाली फिलिमन में ’’खून के इल्जाम’’, ’’तेरी कसम’’, ’’कोठा’’, ’’सईयां अरब गइले ना’’ बा. देहरादून से ग्रजुएट मोनिका सिंह, दिल्ली से एन एस डी कइला क बाद अनेके कंपनियन ला मॉडलिंगो कइली. मोनिका के सपना बा कि उनकर नाम पूरा दुनिया में होखे. उम्मीद जतवली कि खेसारी लाल यादव संगे उनकर फिलिम ’तेरी कसम’ के परचम पूरा बिहार-झारखंड- दिल्ली-यूपी-पंजाब-कैलकटा-नेपाल आ मुंबई में सुपरहिट हो के लहरे.
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments