जवन मिलल से सिनेमा भोजपुरी के बदौलत, कहली मोनिका सिंह

by | Jun 19, 2013 | 0 comments

Khesari-Monikaनिर्देशक धीरज कुमार के मनोज तिवारी स्टारर फिल्म ’ऐलान’ से आपन पहचान बनावे वाली अभिनेत्री मोनिका सिंह अब खेसारी लाल यादव संगे फिलिम ’तेरी कसम’ में नज़र अइहें. निर्माता निर्देशक हउवें अनिल सिनकर जिनकर पहिलका फिलिम रहल ’गज़ब सिटी मारे सईयां पिछवाड़े’. तेरी कसम पूरा तरह से रोमांटिक आ एक्शन भरल मसाला फिलिम हवे.

मोनिका सिंह के कहना बा कि उनुका जवन मिलल तवन सिनेमा भोजपुरी॓ का बदौलत. अब भोजपुरी से बहुते अपनापा बन गइल बा. वइसे हईं त देहरादून के बाकिर पढ़ाई लिखाई खत्म होखते हम सीधे मुंबई आ गइनी फिलिमन में भाग्य आजमावे. अनेके हिन्दी फिलिम आ धारावाहिकन में अभिनय कइनी जइसे कि मुजफ्फर अली के धारावाहिक कुली, कुति शाहा सहारा वन के घर एक सपना, स्टार प्लस के हर घर कुछ कहता है, छूना है आसमां, डी डी वन के ’अधुरा बंधन’, महुआ टी वी के ’बड़का साहब’ वगैरह. चार गो हिन्दी फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ ’’एडमिशन ओपन’’, ’’टूमोरो’’, ’’द थर्टिन डे’’, आ ’’शकल पे मत जा’’ बाकिर जवन प्यारर, दुलार आ सम्मान सिनेमा भोजपुरी से मिलल ओकरा से बहुते खुश बानी. भोजपुरी में अबहीं ले दु गो फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ निर्देशक धीरज कुमार के ’’ऐलान’’, आ बलजीत सिंह के ’’गजब सिटी मारे सईयां पिछवाड़े’’.

मोनिका के आवेवाली फिलिमन में ’’खून के इल्जाम’’, ’’तेरी कसम’’, ’’कोठा’’, ’’सईयां अरब गइले ना’’ बा. देहरादून से ग्रजुएट मोनिका सिंह, दिल्ली से एन एस डी कइला क बाद अनेके कंपनियन ला मॉडलिंगो कइली. मोनिका के सपना बा कि उनकर नाम पूरा दुनिया में होखे. उम्मीद जतवली कि खेसारी लाल यादव संगे उनकर फिलिम ’तेरी कसम’ के परचम पूरा बिहार-झारखंड- दिल्ली-यूपी-पंजाब-कैलकटा-नेपाल आ मुंबई में सुपरहिट हो के लहरे.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up