‘भोजपुरी संगम’ क 89 वीं बइठकी स्व.सत्तन जी के आवास पर दू सत्र में वरिष्ठ रचनाकार सूर्य देव पाठक ‘पराग’ जी के अध्यक्षता आ धर्मेन्द्र त्रिपाठी के संचालन में सम्पन्न भइल।
पहिला सत्र में कुशीनगर के उगम चौधरी ‘मगन’ आपन पांच गो कविता पढ़लें आ दू समीक्षक डा.कुमार नवनीत अउर वीरेंद्र मिश्र ‘दीपक’ जी के समीक्षा भईल।
दुसरका सत्र मे कवितई भइल। बइठकी में केशव पाठक सृजन, ओम प्रकाश पाण्डेय आचार्य, जगदीश खेतान, राम समुझ सांवरा, राम सुधार सिंह सैंथवार, छेदी प्रसाद गुप्त विवश, नरसिंह बहादुर चंद, कुमार अभिनीत, विनीत आदि लोग भागीदारी कइलें। अंत में रवीन्द्र मोहन त्रिपाठी जी आभार ज्ञापन कइलीं।
(व्हाट्सएप्प सनेस से)

Advertisements

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.