दुर्गा माई के नौ रुप 1.शैलपुत्री

by | Oct 5, 2013 | 1 comment

(नवरात्र के पहिला दिन शनिचर, ५ अक्टूबर २०१३)

वन्दे वाञ्छितलाभाय चन्द्रार्धकृतशेखराम्|
वृषारूढ़ां शूलधरां शैलपुत्रीं यशस्विनीम् |

माई दुर्गा अपना पहिला रूप में ” शैलपुत्री ” का नाम से जानल जाली. नवरात्र में पहिला दिने माई के एही रूप के पूजा होला. दुर्गाजी के नव रूपन में प्रथम शैलपुत्री दुर्गा के महिमा अनन्त बा. पर्वतराज हिमालय का बेटी के रूप में पैदा भइला का कारन इहाँ के नाम शैलपुत्री पड़ल. पूर्वजन्म में इहाँ का प्रजापति दक्ष का घर में जन्म लेले रहलीं. तब माई के नाम “सती” रहे. इहाँ के बियाह भगवान शंकर जी से भइल. अपना पिता के द्वारा पति के अपमान भइला का दुख से माई सती योग अग्नि से अपना ओह रूप के जला के भस्म क दिहलीं. ओकरा बाद माई शैलपुत्री का रूप में शरीर धारन कइलीं. पूर्वजन्म के समान एहू जन्म में माई शैलपुत्री दुर्गा के बियाह भगवान शंकरे जी से भइल. इहाँ का बैल पर सवार बानी. इहाँ के दहिना हाथ में त्रिशूल आ बाएँ हाथ में कमल के फूल शोभेला. नवदुर्गा में पहिल माई शैलपुत्री दुर्गाजी के जय हो.


(चित्र आ विवरण डा॰रामरक्षा मिश्र का सौजन्य से)
(पहिले से प्रकाशित रहल, तिबारा प्रकाशित)

Loading

1 Comment

  1. NEEMAN SINGH

    जय हो मईया की

Leave a Reply to NEEMAN SINGH

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up