भोजपुरी कहानी पाठ आ विमर्श

by | Sep 22, 2015 | 0 comments

BhopalBhojpuriAcademy
पिछला 19 आ 20 सितंबर का दिने भोपाल नें मध्यप्रदेश भोजपुरी साहित्य अकादमी का तरफ से एगो साहित्यिक गोष्ठी के आयोजन भइल.

पहिला दिन पहिल सत्र में भोजपुरी कहानी पाठ भइल. एमें कन्हैया सिंह सदय, प्रेमशीला शुक्ल, भगवती प्रसाद द्विवेदी, विष्णुदेव तिवारी, प्रकाश उदय, अजय ओझा, आ तुषारकान्त उपाध्याय आपन कहानी के पाठ कइलें.

भोजन का बाद दुसरका सत्र ‘भोजपुरी कहानी के समकालीनता’ विषय पर परिचर्चा गोष्ठी क राखल रहे. एह विमर्श मे़ं कन्हैया सिंह सदय (जमशेदपुर), इन्द्रदेव नारायण सिंह (पटना), अरूणेश शुक्ल (भोपाल), बलभद्र (कोडरमा), प्रकाश उदय (वाराणसी) अउर सदानंद शाही (वर्धा) आधिकारिक वक्ता रहल लोग. साथही एह विमर्श में डा. अशोक द्विवेदी, प्रेमशीला शुक्ल, विष्णुदेव तिवारी, भगवती प्रसाद द्विवेदी, आशुतोष मिश्र वगैरहो लोग आपन विचार व्यक्त कइल. एह सत्र के शुरूआत अशोक द्विवेदी के हालहीं छपल उपन्यास ‘बनचरी’ का विमोचन का साथे भइल, जवन भोजपुरी कथाकारन का सहभागिता में अकादमी सचिव नवल शुक्ल संयोजित कइलन.

अगिला दिने 20 सितम्बर के ‘भोजपुरी-हिन्दी कहानियन के अंतर्संबन्ध’ विषय पर परिचर्चा गोष्ठी के अध्यक्षता “पाती” पत्रिका के संपादक, वरिष्ठ कवि, कथाकार आ आलोचक डा. अशोक द्विवेदी कइलन. उनका विषय प्रवर्तन का बाद वक्ता लोगन में जनार्दन सिंह, भगवती प्रसाद द्विवेदी, आशुतोष मिश्र(सागर), सुधीर रंजन सिंह (भोपाल) रहलन. हस्तक्षेप में उहवां उपस्थित कहानीकार आ संपादक लोग रहे, जवना में आसिफ रोहतासवी, प्रेमशीला शुक्ल, प्रकाश उदय, बलभद्र, विष्णुदेव आदि लोग रहे.

संचालन आशुतोष मिश्र कइलन आ अकादमी सचिव नवल शुक्ल अंत में आभार व्यक्त कइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up