पाँच गो टेक्नीशियन के कंपनी टेक्नीशियन फिल्म्स के बनावल फिल्म छोटका भईया जिन्दाबाद अब जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. आ ई शुभ काम हो रहल बा जीतेश दूबे का सौजन्य से. एकरा निर्माण के कहानी बतलावत एह फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा कहलें कि एक दिन कुछ तकनीशियन उनका लगे अइलें आ आपन मनसा जाहिर कइलें कि ऊ लोग फिल्म बनावल चाहत बा. का ई संभव हो पाई? एह पर जगदीश शर्मा के जवाब रहे कि काहे ना? फिल्म पइसा से ना दिमाग से बनेला आ उनका हिम्मत बढ़वला का बाद ऊ पाँचो टेक्नीशियन मिल के आपन कंपनी बना लिहलें टेक्नीशियन फिल्म्स. तय भइल कि छोटका भईया जिन्दाबाद फिल्म बनावल जाव आ मनोज तिवारी
मृदुल के ओकर नायक बनावल जाय.
मनोजो तिवारी खुशी खुशी तइयार हो गइलें आ रानी चटर्जी के नायिका का रुप में आ टीनू वर्मा के खलनायक का रुप में ले के फिल्म निर्माण शुरु हो गइल. मनोज तिवारी के कहना बा कि ई भोजपुरी सिनेमा में एगो अभिनव प्रयोग होखी आ एकर सफलता एगो नया राह खोल दीहि.
फिल्म के वितरक बन के जीतेशो दूबे पुरा उत्साह में बाड़े. कहले कि उनका खातिर त ई खुशी के बात बा कि एह टेकनीशियन के सपना पूरा करावे के मौका मिलल बा.
हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी.
अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर
आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN
अँजोरिया के भामाशाह
अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे - anjoria@uboi
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय anjoria@outlook.com पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.
(1)
18 जून 2023 गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(3)
24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023 फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023 पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(5)
5 अगस्त 2023 रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया
सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में।
बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में।
घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया,
चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में।
- संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से
0 Comments