बजलऽ ऐ शंख बाकिर नायडूजी के पदा केे

by | Mar 9, 2024 | 0 comments

एगो पुरान कविता केे पंक्ति हवेे कि –
दुश्मनी ऐसी करो कि जब कभी हम दोस्त बन जाऐ तो शर्मिन्दा न हों !

बाकिर अकसरहाँ राजनीति में लोग सामाजिक नीतियन के भुला जाला. अगल-बगल घेेरलेे चाटुकारन केे टोली अइसन सिखा-पढ़ा देेलेेंं कि ओह लोग केे लागेे लागेेला कि बस अगिला सम्राट हमरेे बनेे के बा.

सन 14 का चुनाव मेें तेलुगू देशम पार्टी राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबन्धन (राजग) मेें शामिल रहुवेे आ चन्द्रबाबू नायडू राजग केे कोआर्डिनेेटर रहलेें. बाकिर साल 19 आवत-आवत उनुका मतिभरम हो गइल कि मोदी अबकी के चुनाव ना जीत पइहेें. नायडू के एह मतिभरम का पीछेे खुद भाजपा केे बड़का नेेतवन केे राय रहुवेे जेे भाजपा केे बहुमत ना आवेे दीहल चाहत रहलेें. तब नायडू के उहे गलतफहमी हो गइल कि बस अब त मोदी विरोधियन के सरकार बने वाली बिया आ ओह सूरत मेें पीएम पद के उम्मीदवारियो हासिल कइल जा सकेला. अइसने गलतफहमी बिहार केे जदयू नेेता नीतीशो कुमार के हो गइल. उनुका केे सिखा-पढ़ावेे लगलन स कि इहे मौका बा विपक्ष मेें आ जाए केे आ ओकरा बाद त बस रउए पीएम बनब. काहेें कि कांग्रेेस केे हालत खराब बा आ राहुल के पीएम उम्मीदवार घोषित करेे केे हिम्मत काग्रेसो के नइखे होखत. साँच कहीं त नीतीश कुमार का पक्ष मेंं बहुतेे कारक मौजूद रहुवेे. उनुकर छवि एगो साफ-सुथरा नेेता केे हवेे आ उनुका पर भठियरपन केे भा परिवारवादो के अछरंग नइखे लागल कबो. नायडूओ केे तब अइसनेे लागल होखी आ ऊ राजग छोड़ केे मोदी विरोधियन के जुटान करेे लगलेें. नीतीश के त तुरतेे भान हो गइल कि ससुरा हमरा के बुड़बक बना केे आपन उल्लू सोझ करे में लागल बाड़े सँ. आ समय रहते ऊ आपन गलती सुधार लिहलन. बाकिर नायडू के आपन गलती बहुती देर का बाद बुझाइल आ जब बुझाइल तबलेे बहुते देर हो चुकल रहुवेे. ऊ मोदी आ भाजपा का खिलाफ अइसन-अइसन बोली बोलेे लागल रहलेें जवना केे महटियावल केेहू केे बस मेें ना होखेे. कम से कम नीतीश अइसन गलती ना कइलन. भाजपा का खिलाफ ऊ कुछऊ बोललेे होखसु बाकिर मोदी खातिर कबो अपशब्द ना बोललन.

अब मीडिया नायडू केे इयाद करावेे लागल बावेे कि कबो नायडू मोदी केे आतंकवादी बतवलेे रहलन. अपना ट्वीटर अकाउन्ट पर 16 अप्रैैल 2019 केे ट्वीटलेे रहलन कि – मोदी देेश केे संस्थन केे सुनियोजित तरीकन सेे बरबाद क दिहले बाड़न. भाजपा के शासन में संस्थन के स्वायतता आ लोकतांत्रिक व्यवस्थन पर हमला हो रहल बा.
लिखलेे रहलन कि, सीबीआई सेे आरबीआईए ना संंवैधानिक अधिकार वाला निर्वाचनो आयोग केे एह हमला में छोड़ल नइखे गइल.

बाकिर आजु नायडू केे तेेलुगू देशम पार्टी के गठबन्हन भाजपा सेे होखे केे बाकायदा एलान हो गइल. ई गठबन्हन करवावेे मेें जनसेेना पार्टी के पवन कल्याण के बड़का हाथ रहल बा. एकरा केे रेघरियावल बेेजाँय ना कहाई कि नायडू पिछला कई महीना सेे लागल रहलन बाकिर मोदी आ शाह उनुका के माफ करे का मूड मेें ना रहलेें. आ अब नायडुओ मान गइल होखिहेें कि – दुश्मनी ऐसी करो कि जब कभी हम दोस्त बन जाऐ तो शर्मिन्दा न हों ! आ भोजपुरी केे एगो पुरान कहाउत सटीक रही कि – बजलऽ ऐ शंख बाकिर नायडूजी के पदा केे !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up