24 के चुनाव का अब तेली बनाम कुर्मी पर आई

by | Oct 3, 2023


जेकर जतना गिनिती भारी ओकर ओतना हिस्सेदारी के नारा लगावत राहुल गाँधी से केहू पुछे कि तब त देश में हिन्दुवन के राज होखे के चाहीं. त ऊ का बतइहें से त नइखे मालूम बाकिर हिन्दूवने के काट करे खातिर ई जाति वाला दाँव चलवले बाड़ें देश के विपक्षी गोल. ओह लोग के सबले बड़ चिन्ता आजु इहे बा कि कइसे हिन्दुवन के अपने में लड़वा के राखल जाव.

अब जब जाति के गिनिती करा के हल्ला मचावल जात बा कि देश में पिछड़ा आ अतिपिछड़ा कुल मिला के 63 फीसदी आबादी बाड़ें. एह हिसाब से देश पर पिछड़न आ अतिपिछड़ने के राज चले के चाहीं. अब केहू एह लोग से ई मत पूछे कि बिहार में त कई युग से पिछड़े के राज चलत बा. जगन्नाथ मिसिर का बाद त कवनो अगड़ा सीएम के कुरसी पर बइठबे ना कइल. त फेर अतिपिछड़ा अतिपिछड़े काहें रहि गइलें. सतरह बरीस के यादव राज में कबो कवनो दोसरो जाति के चलल का ?

हो सकेला कि रउरा लोग के आजु के लेख के मथैला मथत होखे कि विमर्श के स्तर अतना नीचे ना गिरावे के चाहीं. बाकिर आजु के राजनीति जवना स्तर ले आ गइल बावे, मीडिया में कुकुरबझाँव के जवन दौर चलत बा, ओह दौर में सभ्यता आ शालीनता के कामना कइले फूहड़ कहाई.

त आईं लवटल जाव विषय पर. बिहार के जाति आधारित सर्वेक्षण के रिपोर्ट अइला का बाद से सगरी मीडिया हलकान बा जाति के एह आझुराव के सझुरावे में. तरह-तरह के सर्वे थाह लगावत बाड़ें कि देश के पिछड़ा वर्ग केकरा के आपन नेता बनावल चाहत बा. एगो चैनल पर सुननी हँ कि 61 फीसदी पिछड़ा (एहमें अतिपिछड़ो शामिल बाड़ें शायद) आजुवो नरेन्दरे मोदी के अगिला पीएम का कुरसी पर देखल चाहत बाड़ें.

हमरा उहो जमाना इयाद बा जब इमरजेन्सी का दौर में दूरदर्शन पर बाल भारती के एगो कार्यक्रम देखावल जात रहुवे. एहसे ना कि इन्दिरा गाँधी सरकार अभिव्यक्ति के आजादी के पक्षधर रहुवे. बलुक एह चलते कि उनुका सरकार के मालूमे ना रहल कि बाल भारती संघ के एगो आनुषांगिक संगठन हवे.

संघ के तरकस में हर तरह के तीर रहेला. कब कवना मौका पर कवना तीर के इस्तेमाल करे के बा ई ओकरा बहुते बढ़िया से मालूम रहेला. बरीसन का मेहनत का बाद ओकर परिणाम जब सामने वाला तब लोग चिहा जाला. के सोचले होखी कि त्रिपुरा के बँवारा गिरोह के सरकार के आसानी से गिरा के भाजपा दू तिहाई बहुमत से सरकार बना ली.

के सोचले रहल कि जम्मू कश्मीर से धारा 370 आ 35ए के अतना सहजता से हटावल जा सकेला. अगर केहू सोचत होखे कि महिना दू महीना में एकर प्लान बना लीहल गइल होखी त ओकरे बुद्धि पर तरस खाए के पड़ी. एकर योजना त ओकरो पहिले से शुरु हो गइल रहल होखी जब भाजपा महबूबा मुफ्ती का साथे मिल के सरकार बनवले रहुवे. दोसरे लोग ना संघ के समर्थको तब एह गठबन्हन का खिलाफ रहलें. बाकिर ओकर परिणाम कतना बढ़िया निकलल देश खातिर.

याद करीं उहो दिन जब पूरा देश में गणेश जी दूध पिए लागल रहलें. एकरा पीछे के रहल, का योजना रहल, काहे रहल वगैरह के जबाब खोजे के जहमत उठावे के जरुरत नइखे. एक बेर इहो देख लीं कि आखिर ऊ के लोग हवे जे दुनिया भर में एक एक करके देश के दुश्मनन के टपकवले जात बाड़ेंं.

बाति ढेर लमहर खींचाव ओकरा पहिले इहो जान लीं कि देश के राजनीति पर गँवे-गँवे बहुसंख्यके लोग – पिछड़ा आ अतिपिछड़ा – बइठ गइल भा बइठा दीहल गइल बाड़ें. कमण्डल मण्डल के डकार गइल आ डकरबो ना कइलसि. हाथी के देखाएवाला दाँत आजुओ हिन्दूहित के बाति करत लउकत रही बाकिर जमीनी स्तर पर कुर्मी बनाम तेली के खेलो खेलत होखी त हमरा अचरज ना होखी. अब सोचसु अखिलेश, लालू, केजरीवाल, सिद्धारमैया वगेरह लोग. बनर्जी मुखर्जी स्टालिन के त अब सोचलो के जरुरत नइखे. काहें कि अपना देश में मजहब बदलल जतने आसान बना के राखल गइल बा ओतने कठिन बा जाति बदलल. जाति रउरा बदलिए ना सकी.

एहसे तेल देखत रहीं आ तेल के धार !

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up