kahiankahi-lokarpan
पिछला दिने कोलकाता में ३८ वाँ लागल अंतर्राष्ट्रीय पुस्तक मेला के स्टाल नं॰ ३६२ पर कोलकाता के मशहूर हिंदी दैनिक सन्मार्ग के संपादक डा॰ हरिराम पाण्डेय के लिखल चुनिंदा संपादकियन के संकलन “कही अनकही” के लोकार्पण पश्चिम बंबाल के राज्यपाल एम॰ के॰ नारायण के हाथे भइल.

“कही अनकही” के एह संस्करण में साल २०१३ में लिखल संपादकीय बिटोरल गइल बा. अपना बेबाक, तटस्थ आ संवेदनशील लेखन ला डा॰ हरिराम पाण्डेय पत्रकारिता का दुनिया में अलगे से चिन्हाइलें. इहाँ के लिखल सपादकीयन के मुरीदन में बांग्ला लेखिका महाश्वेता देवी, प्रख्यात हिन्दी आलोचक डॉ.नामवर सिंह, डॉ.जगदीश्वर चतुर्वेदी, कवि केदारनाथ सिंह समेत अनेके साहित्यकार शामिल बाड़ें.

इहो जाने जोग बा कि बिहार के सिवान जिला के मूल निवासी डा॰ हरिराम पाण्डेय के संपादन काल में सन्मार्ग लोकप्रियता के शिखर छू लिहलसि. आ ओहु ले बड़ बात हमहन भोजपुरियन खातिर ई बा कि भोजपुरी अनुरागी पाण्डेय जी का चलते सन्मार्ग में हर हफता नियमित रूप से तीन गो भोजपुरी स्तंभ प्रकाशित होखेला. कोलकाता में भोजपुरी भाषियन के बड़हन मौजुदगी के ओह लोग का भाषा से जोड़े के प्रशंसनीय काम इहाँ का कइले बानी.

 364 total views,  4 views today

By Editor

One thought on “डा॰ हरिराम पाण्डेय के ‘कही-अनकही’ के लोकार्पण कइलन पश्चिम बंगाल के राज्यपाल”

Comments are closed.

%d bloggers like this: