मनोज भावुक को मॉरीशस के राष्ट्रपति रहल आ प्रधानमंत्री रहल सर अनिरुद्ध जगन्नाथ अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी गौरव सम्मान, मॉरिशस 2014 से नवज़लन.
भोजपुरी कविता के क्षेत्र में आपन एगो अलग पहचान राखे वाला मनोज भावुक के एक ओर जहां मारीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलस उहवें दोसरा ओर पहिले राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री रह चुकल सर अनिरुद्ध जगन्नाथ अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी गौरव सम्मान, मॉरिशस 2014 से नवज़लन. मनोज के ई सम्मान विश्व स्तर पर भोजपुरी भाषा अउर साहित्य के प्रचार-प्रसार आ अपना बहुमूल्य अउर बहुआयामी लेखन से भोजपुरी साहित्य के समृद्ध करे खातिर दिहल गइल.
मनोज भावुक अफ्रीका आ ग्रेट ब्रिटेन वगैरह देशन में भोजपुरी एसोशिएशन बनवले आ सात समुन्दर पार बसल लोगन के भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी संस्थानन से जोड़ले. हालही में मारीशस में भइल भोजपुरी सम्मेलन में मनोज भोजपुरी सिनेमा पर आपन शोधपत्र प्रस्तुत कइले आ एकरा इतिहास पर एगो डाक्यूमेंट्रीओ देखवलें.
एह अवसर पर मनोज के ग़ज़ल अलबम ‘तस्वीर जिंदगी के’ के मॉरीशस के राष्ट्रपति कैलाश परयाग अउर मॉरीशस के कला संस्कृति मंत्री मुकेश्वर चुन्नी के हाथे विमोचनो भइल.
(प्रीती सिंह)