7 अक्टूबर, 2014 का दिने आगरा जिला अस्पताल में एगो रोगी से बतियावत केंद्रीय स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्री डॉ हर्षवर्धन
7 अक्टूबर, 2014 का दिने आगरा जिला अस्पताल में एगो रोगी से बतियावत केंद्रीय स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्री डॉ हर्षवर्धन
  • एसएन मेडिकल कालेज आगरा के एम्स जीसन बनावे ला केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री डा. हर्षवर्धन कालेज प्रशासन के दू सौ करोड रुपिया के योजना बनावे के कहलन. एहमें से 170 करोड रुपिया केन्द्र आ 30 करोड रुपिया राज्य सरकार दिही. कालेज के सात गो विभाग के सुपर स्पेशिलिटी ग्रेड के बनावल जाई.
  • दिल्ली पुलिस आंध्र प्रदेश के तीन गो व्यापारियन के हत्या करे खातिर एक करोड़ रुपिया के सुपारी लेबे वाला सात गो भाड़ा के हत्यारन के गिरफतार कइलसि.
  • महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री रहल राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी नेता अजीत पवार कहलन कि राकांपा छोड़ दोसर कवनो दल में महाराष्ट्र चलावे के बेंवते नइखे.
  • मध्यप्रदेश के सीधी जिला के मझौली इलाका के कोलाट जंगल में दू गो भालुअन के हमला से गंभीराह घाहिल एगो चरवाहा के जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जन धन योजना के सफलता ला बैंक अधिकारियन आ कर्मचारियन के सरहले बाकिर चेतइबो कइले कि आगे के राह सहज नइखे होखे वाला. कहलन कि नयका खातन के जिन्दा राखे आ उपयोगी बनावे के जरूरत पड़ी.
  • आनलाइन खुदरा कारोबार करे वाली बड़की कंपनी फि्लपकार्ट काल्हु अपना बिग बिलियन डे सेल का दौरान वेबसाइट क्रैश होखला आ दाम बढ़ला खातिर माफी मँगलन.
  • बतावल जात बा कि आतंकवादी ओसामा बिन लादेन के एगो करिया बैग में 136 किलो के सिकड़ में लपेट के समुन्दर में फेंकल दिहल रहे. इहो सामने आइल बा कि अमेरिका तब के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारीओ से बात कइले रहे.
  • महाराष्ट्र में ठाणे के एगो अदालत गलतबयानी के मामिला में कोर्ट में सुनवाई का बेरा हाजिर रहे से राहुल गाँधी के छूट दे दिहलसि. राहुल संघ का खिलाफ बयान दिहले रहले.
  • कश्मीर के अलगाववादियन के महिमामशडित करे वाली फिलिम हैदर के वडोडरा के एगो सिनेमाघर में चले से रोक दिहल गइल. कुछ लोग फिलिम का खिलाफ जोरदार प्रदर्सन कइल आ फिलिम ना चले दिहल.
  • पाकिस्तान के कहना बा कि पिछला सात दिन से भारत सीमा पर गोलीबारी करत बा आ ईदो का मौका पर गोलीबारी ना रोकलसि. जबकि हकीकत ई बा कि पाकिस्तानी गोलीबारी के जबाब दिहले रहुवे भारत.
  • भारत पाकिस्तान के साफ साफ चेता दिहले बावे कि हर हमला के जोरदार आ सठीक जबाब दिहल जाई.
  • धार्मिक आ आध्यात्मिक नगरी वाराणसी में आयोजित तीन दिन के अखिल भारतीय वैदिक सम्मेलन में वेद ज्ञाता माँग कइले कि विश्वविद्यालयन में वेद अध्ययन के अनिवार्य बनावल जाए.
  • दिवाली धमाका सेल खातिर देश के आनलाइन कारोबारियन का बीच जारी होड़ का चलते आनलाइन कारोबार में खूब बढ़ोतरी भइल बा आ एह दौरान नाहियो त चार हजार करोड़ के कारोबार होखे के आशा जतावल गइल बा.
  • कर्नाटक उच्च न्यायालय तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जे जयललिता के जमानत देबे से मना कर दिहलसि. कहलसि कि जमानत देबे के कवनो आधार नइखे. जबकि सरकारी वकील जमानत के विरोध करे से मना कर दिहले रहले.
  • बिहार सरकार दशहरा भगदड़ का बाद पटना मेडिकल कालेज मे मचल अफरातफरी खातिर दोषी बतावत अस्पताल के अधीक्षक डा॰ लखीन्द्र प्रसाद के निलंबित कर दिहलसि आ चार गो चिकित्सकन के तबादला कर दिहलसि.
  • लोक जनशक्ति पार्टी अपना बिहार इकाई के फेर से बनावत पशुपति कुमार पारस के दुबारा प्रदेश अध्यक्ष बना दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश के मऊ जिला के भाहर इलाकं में पारिवारिक कलह का चलते जान देबे के कोशिश में आग लगा लेबे वाला मरद मेहरारू के हालत बहुते खराब बनल बा.
  • बिहार के रोहतास जिला के दरिगांव थाना के बुरई मोड़ का नियरा दू गो मोटरसाईकिलन के टकरइला से की टक्कर में दादी पोता समेत तीन लोग के जान चल गइल आ दू जने घवाहिल हो गइल बाड़े,
  • भारतीय कालीन निर्यात संवद्र्धन परिषद केन्द्र सरकार के सहयोग से वाराणसी में 10 से 13 अक्टूबर ले चार दिन के इंडिया कार्पेट एक्सपो आयोजित करी जवना में 57 देश के चार सौ से अधिका आयातक शामिल होखीहे.
  • बिहार के कैमूर जिला के अधौरा इलाका के खुखमा गांव के रहे वाला आ बड़का किराना व्यवसायी प्रभु साह के काल्हु देर रात अपहरण कर लिहल गइल बा.
  • मारीशस के संसद के काल्हु भंग कर दिहल गइल आ अब देश में नया चुनाव करा के देश के संविधान में बदलाव करे के राह आसान हो गइल बा.
  • लापरवाह आ कामचोर कर्मचारियन पर काबू करे खातिर केन्द्र सरकार अपना कर्मचारियन के अनलाइन हाजिरी लेबे खातिर बायॉमीट्रिक अटेंडेंस सिस्टम लॉन्च कइलसि. एह सिस्टम से कर्मचारियन के हाजिरी का साथही ओह लोग के कामकाजो पर नजर राखल जाई.
  • चुनाव आयोग हरियाणा के मुख्य चुनाव अधिकारी से रॉबर्ट वाड्रा के मिलल जमीन पर रिपोर्ट मँगलसि.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

By Editor

%d bloggers like this: