थोड़ देर ला मान लीं कि ऊ सांसद भाजपा के ना हउवे

by | Dec 13, 2023 | 0 comments

old parliament building

थोड़ देर ला मान लीं कि ऊ सांसद भाजपा के ना हउवे जेकरा दस्तखत से जारी पास पर दू गो आतंकी संसद में घुस अइलें. अगर कवना दोसरा गोल भा गिरोह के सांसद का पास पर ऊ आतंकी संसद में घुसल रहतें त हमनिए का – हमनी मतलब राष्ट्रवादी – कतना बवाल कटतीं सँ

सांसद भइला के मतलब ई ना होखे के चाहीं कि रउआ अपना कर्तव्य आ अधिकारन के इस्तेमाल लापरवाही से करीं. आखिर महुआ मोइत्रा के सांसदी एही चलते नू खतम कइल गइल कि ऊ अपना अधिकार के बेजा इस्तेमाल कइली आ आपन लॉग-इन अउर पासवर्ड दोसरा के दे दिहले रहली.

हमरा विचार से भाजपा आ ओकरा कर्णधारन में खास @narendramodi अउर @AmitShah के एह मौका पर एगो बरियार संदेश दिहला के जरुरत बा. ओह सांसद के सदस्यता तुरत प्रभाव से खतम कर देबे के चाहीं भा मामिला संसद के एथिक्स कमिटी के भेज देबे के चाहीं. हम मानत बानीं कि ऊ सांसद एह मामला में – एह हमला में – संलिप्त नइखन. बाकिर भइल त सब कुछ उनुके दस्तखत से. दोसरे उनुका सचिवो से पूछताछ होखे के चाहीं कि ऊ बिना जाँच-पड़ताल कइले केहू ला पास कइसे बनवा दिहलें. एक्शन संसद के सुरक्षाकर्मियनो का खिलाफ होखे के चाहीं कि ऊ अपना कर्तव्यन के निर्वहन लापरवाही से कइलें.

साथही संसद में अब अइसन व्यवस्था करा देबे के चाहीं कि दर्शक दीर्घा – भा कवनो दीर्घा से – नीचे कूदल ना जा सके, भा कुछ फेंकल ना जा सके. बुलेट-प्रूफ काँच एगो सहज समाधान हो सकेला. दोसरे दीर्घा में जाए वाला लोगन ला अइसन वस्त्र निर्धारित कर दीहल जाव जवना में कवनो जेब ना होखे आ संसद में प्रवेश करे से पहिले ऊ लोग आपन जूता-चप्पल-घड़ी-गहना-वगैरह बाहरे खोल के जाव. अइसन व्यस्था हर पूजा स्थल में रहेला आ संसद भवन से पवित्र कवनो दोसर जगहा ना हो सके.

अगर ओह भाजपा सांसद के छोड़ दीहल जाई त दोसरो गोल के लोग एह तरह से काम कर सकेलें आ तब ओह लोग का खिलाफ बोले के नैतिक अधिकार भाजपा भा केन्द्र सरकार का लगे ना रही.

सबले अचरज के बाति ई बा कि सभका मालूम रहुवे कि खालिस्तानी आतंकी 13 दिसंबर का दिने अइसन कुछ कर सकेलें जइसे कि किसानन का नाम पर भइल देशविरोधी आन्दोलन का समय खालिस्तानी लाल किला पर खालिस्तानी झंडा फहरावे के कोशिश कइले रहलें.

आ एगो गोहार अज्ञात बंदूक धारियनो से जे कुछ लोग के निशाना पर लेबे में देर मत लागे. भारत सरकारो के एह वारदात के बाद अमेरिका का सरकारो से आपन विरोध दर्ज करावे के चाहीं आ मांग करे के चाहीं कि अमेरिका से आतंकवादियन के निकाल बाहर फेंकल जाव.

भारत सरकार चाहे त गुरु पतवंत सिंह पन्नू के आतंकवादी घोषित कर देव जवना का बाद अमेरिका सरकार पर ओकरा के अमेरिका से बाहर करे के दबाव बनावल जा सके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up