भोजपुरी के गालिब जगन्नाथ जी के गंगालाभ

by | Mar 15, 2020 | 0 comments

भोजपुरी साहित्य के गौरव आ एगो मजबूत पाया जगन्नाथ जी काल्हु शनिचर 14 मार्च 2020 के साँझि खा साढ़े चार बजे पटना के अपना साधनापुरी निवास पर आपन आँखि मूदि लिहलीं.

भोजपुरी गजल में जगन्नाथ जी के बड़हन योगदान का चलते उनुका के भोजपुरी के गालिब नाँव से जानल जाए लादल रहुवे. 19 जनवरी 1934 के कुकुढ़ा (इटाढ़ी) में जनमल जगन्नाथ जी के भोजपुरी कविता आ खासकर गीत-गजल के जहाँ कई गो संग्रह प्रकाशित बा, उहवें गजल का शास्त्रीयता आ विकास यात्रा पर भी उहाँके यादगार ग्रंथ बाड़ी सँ. उहाँके किताबि ‘लर मोतियन के’ आ ‘पाँख सतरंगी’ बहु लोकप्रिय भइली सँ. भोजपुरी गजल के जब-जब चर्चा होई, बिना उहाँके सुमिरले शुरुए ना होई.

अबहीं हालही में भगवती प्रसाद द्विवेदी के संपादन में पराश पत्रिका के अंक जगन्नाथ जी के व्यक्तित्व आ कृतित्व पर केन्द्रित छपल रहुवे.

जगन्नाथ जी के गंगालाभ पर डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल, भगवती प्रसाद द्विवेदी, महामाया प्रसाद विनोद, कृष्ण कुमार बगैरह अनेके साहित्यकार आपन संवेदना व्यक्त कइले बाड़ें.

अँजोरिया परिवार का ओरि से भोजपुरी के लाल जगन्नाय़ जी के नमन आ विनम्र श्रद्धांजलि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up