कांस्य पदक से सम्मानित भइलें भोजपुरी दबंग के खिलाड़ी

DabnagTeamHonoredसेलीब्रेटी क्रिकेट लीग सीजन चार में आपन शानदार मौजूदगी देखा के पूरा दुनिया के मनोरंजन आ क्रिकेट जगत के नजर में आवे मे सफल रहल भोजपुरी दबंग क्रिकेट टीम के शूरमा खिलाड़ीयन के पिछला दिने मुंबई के वीनस ग्राउंड में आयोजित एगो भव्य समारोह में कांस्य पदक देके सम्मानित कइल गइल.

एह मौका पर पूरा भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज एक मंच पर नजर आइल. सभे आशीर्वाद दीहल एह टीम के. समारोह संचालित करत टीम के कप्तान आ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी टीम मालिक मोहित कंबोज आ अक्ष कंबोज के तारीफ कइलन आ कहलन कि असल में ई एह लोग के भोजपुरी भाषा से प्रेम देखावत बा. एकरा बाद भोजपुरी दबंग के एगो अउर मालिक विकास कपूर के मंच प नेवतलें. विकास कपूर अपना संबोधन में कहलें कि उ टीम के कप्तान मनोज तिवारी, उप कप्तान दिनेशलाल यादव आ सगरी टीम खिलाड़ियन के सलाम करत बाड़ें जे अपना कौशल से पूरा दुनिया के धेयान टीम का ओर खींच ले अइलें,

एह समारोह में बंगाल टाईगर टीम के कप्तान आ मशहूर बंगाली अभिनेता जीसू खास तौर प आइल रहलें, जानल मानल उद्योगपति आ बिहार के माटी से जुड़ल बड़का गाँव के संयोगिता टीम के जम के सरहली.

जब खिलाड़ी सितारा आपन कांस्य पदक लेबे आवत रहलें त सभ लोग अपना जगहा खड़ा होके ओह लोग के उत्साह बढ़ावत रहुवे. पहिले प्रवेशलाल के पदक दीहलें आदि शक्ति इंटरटेनमेट के दुर्गा प्रसाद मजुमदार. ओकरा बाद आइल आदित्य ओझा एह लीग का दौरान मिलल अपना अनुभवन के जिक्र कइलें. एही घरी मंच प अइलें भोजपुरी दबंग मानीटर आ भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन अउर संरक्षक कुणाल सिंह. फेरु अइलें विक्रांत सिंह, उदय तिवारी, प्रकाश जैस, सुशील सिंह, अयाज खान, अकबर नकवी, जय यादव, वैभव, विकास सिंह आ सुर्या.

रविकिशन सभके खूब मनरंजन कइलन. चहेता क्रिकेटर उदय तिवारी त पूरा माहौले के मजेदार क दिहले. उदय तिवारी के पदक दिहलें नृत्य निर्देशक पप्पूखन्ना. उपकप्तान दिनेश लाल यादव निरहुआ के पदक मिलल जानल मानल अभिनेत्री आ गायिका टीना घई का हाथे. कप्तान आ मेगा स्टार मनोज तिवारी के पदक देबे अइलें वीर मराठा के कोच रईस लश्करिया. एह बेरा इहे लागल कि सचहूं क्रिकेट कवनो भाषा के मुँह ना तिकवे, दिलन के जोड़ेला. मंच से दिनेश लाल यादव आ मनोज तिवारी अपना कॉमेडी पंच से सभके मनरंजनो कइलें.

फिल्म फाईनेसर सुजीत तिवारी के हाथे पदक मिलल अजय शर्मा के त चर्चित निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे का हाथे कोच संतोष सिंह के. चर्चित निर्माता निर्देशक जगदीश शर्मा (मुन्ना भाई) भोजपुरी दबंग के युवा प्रबंधक विकास सिंह उर्फ भोजपुरिया वीरप्पन के पदक दिहलें.

एह मौका पर उद्योगपति पवन पांडे, वितरक प्रदीप भईया, बिट्टू सरदार, निर्माता निर्देशक विमल कुमार, टीम के ब्रांड अंबेस्डर पाखी हेगड़े, अक्षरा सिंह, शुभी शर्मा, निर्देशक हैरी फर्नाडिस, दिनेश यादव, मंजूल ठाकुर, अभिनेता राज प्रेमी, खलनायक संजय पांडे, अवधेश मिश्रा आ तेज यादव का साथे साथ नील सिंह, प्रमोद पांडे आ प्रचारक शशिकांतो सिंह मौजूद रहलें,

जोश आ जज्बा से भरल दबंग सितारा भरोसा जतवले कि अगिला बेर स्वर्ण पदक जीत ले अइहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

One thought on “भोजपुरी दबंग के सितारन के देखे उमड़ल भोजपुरी जगत”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d