भोजपुरी साहित्यकार डा॰ अशोक द्विवेदी के मिली “लोककवि सम्मान”

by | Dec 31, 2014 | 0 comments

VidyaNiwasSamman
पंडित विद्यानिवास मिश्र के जयंती का मौका पर 14 जनवरी 2015 का दिने भोजपुरी के महान साहित्यकार डा॰ अशोक द्विवेदी के ‘लोककवि सम्मान’ से सम्मानित कइल जाई.

पंडित विद्यानिवास मिश्र के स्मृति में दिहल जाए वाला पुरस्कार खातिर एगो चयन समिति सुनीता जैन का अध्यक्षता में बनल रहे. सदस्य रहले विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, अरूणेश नीरन, सत्यदेव त्रिपाठी आ दयानिधि मिश्र. समिति के फैसला रहल कि विद्याश्री न्यास का ओर से साल 2015 के ‘विद्यानिवास मिश्र सम्मान’ प्रसिद्ध समीक्षक आ कवि नंद किशोर आचार्य के उनुका हिन्दी किताब ‘रचना का अंतरंग’ खातिर दिहल जाई.

भोजपुरी पत्रिका ‘पाती’ का माध्यम से भोजपुरी के निरंतरन नव्य चेतना दिहला खातिर भोजपुरी के मशहूर कवि आ कहानीकार डा॰ अशोक द्विवेदी के ‘लोककवि सम्मान’, बनारस घराना के मशहूर गायिका सुचरिता गुप्ता के ‘लोककला सम्मान’ आ मशहूर कवि श्रीकृष्ण तिवारी के सम्मान में दिहल जाएवाला ‘गीतकार सम्मान’ से कवि ब्रह्माशंकर पाण्डेय के सम्मानित कइल जाई.

सगरी सम्मान पंडित विद्यानिवास मिश्र के जयंती का मौका पर 14 जनवरी 2015 का दिने वाराणसी में होखे वाला समारोह में दिहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up