लाल कला मंच के काब्य गोष्ठी

by | Jul 23, 2016 | 0 comments

LalKalaManch
दक्षिणी दिल्ली बदरपुर के मीठापुर चौक पर विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर लाल कला मंच के ओर से जागरुकता आ काब्य गोष्ठी के आयोजन कइल गइल. जेकर मुख्य उद्देश्य रहे जनसंख्या विस्फोट से होए वाला प्रभाव के कम करे के आ जनसंख्या के दर कइसे कम कइल जा सकेला एह पर चर्चा कइल.

लाल कला मंच के अध्यक्ष सोनू गुप्ता अतिथि के गुलदस्ता भेट कइली. गोष्ठी के अध्यक्षता बड़ समाजसेवी राजेन्द्र अग्रवाल कइले आ मुख्य अतिथि के रुप में बड़ समाजसेवी कामरेड जगदीश चंद्र शर्मा रहले. संचालन शिव प्रभाकर ओझा जी कइले.

एह अवसर पर सब कवि आ वक्ता लोग विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर शपथ लेलें की तन मन कर्म आ बचन से आबादी कम करने के लिए परयास करेब जा.

काब्य गोष्ठी के शुरुआत वरिष्ठ साहित्यकार जय प्रकाश गौतम के सरस्वती वंदना से शुरु भइल. दिल्ली आ एन.सी.आर के दर्जनों कवि लोग आपन-आपन कविता के जरिये जनसंख्या कम करे आ बेटी बचाव आ बेटी पढ़ाव के साथे-साथे वीर रस के कविता से देश के भ्रष्ट नेताओं पर व्यंग कसले आ देशभक्त अमर सपूत के नमन कइले.

उपस्थित कविगण में डा.सत्य प्रकाश पाठक, डा.कृष्णानंद तिवारी, लाल बिहारी लाल कहले – आबादी रोज-रोज बढ़े लइकी पर कम होय. दिशहित समाज में यह अजब ई संकट होय. अमृता रानी, विनोद कुमार, शिव प्रभाकर ओझा, गिरि राज गिरीश, मा.कृपा शंकर, राजेन्द्र अग्रवाल, डा.के.के. तिवारी, असलम जावेद वगैरहो आपन-आपन सुमधुर कविता से समा बांध दिहले. जेह कारण पूरा सभागार तालियन के गड़गड़ाहट से गुंजत रहे.

अंत में संस्था के अध्यक्ष सोनू गुप्ता सब आइल लोग के हार्दिक धन्यवाद दिहली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up