मनोज गुंजन के यादव पान भण्डार

by | Mar 20, 2010 | 0 comments

Gunjan Pant and Manoj Tiwari

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी खातिर यादव पान भण्डार एगो खास फिल्म बा काहे कि एहमें ऊ पहिला बेर कवनो पान वाला के किरदार में बाड़े. उनकर नायिका बाड़ी गुंजन पंत. फिल्म के निर्माण पायल दुबे कर रहल बाड़ी आ प्रस्तोता रहीहें जितेश दूबे. अजय कुमार का निर्देशन में बने जा रहल एह फिल्म में देखावल जाई कि कइसे एगो पनवाड़ी अपना जिनिगी के झंझावात झेलत बा.

मनोज तिवारी आ गुंजन पंत के जोड़ी पहिला बेर बनल बा कवनो फिल्म में. कहली कि मनोज तिवारी जी का साथे काम कर के बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल. एक से बढ़ के एक वास्तविक आ खूबसूरत लोकेशन पर फिल्म शूट हो रहल बा. जितेश दूबे एह फिल्म में मनोज तिवारी के अभिनय कौशल से बहुते खुश बाड़े. जितेश दूबे एहसे पहिले भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिल्मधर्मवीर, मुन्नीबाई नौटंकीवाली आ बृजवा बना चुकल बाड़े. भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन, गुंजन पंत आ दीपक दूबे का साथ उनकर फिल्म मार देब गोली केहू ना बोली के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

यादव पान भंडार में मनोज आ गुंजन का साथे दीपक दूबे, बृजेश त्रिपाठी, आ सीमा सिहं के बड़हन भूमिका बा. गीत श्याम देहाती के, संगीत मधुकर आनन्द के, आ एक्शन डायरेक्शन शकील शेख के बा.


स्रोत : शशिकान्त सिहं, रंजन सिन्हा

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up