अपना हर फिलिम ला कड़ा मेहनत करेली रिंकू घोष

by | May 27, 2013 | 0 comments

RinkuGhoshसिनेमा भोजपुरी में कुछुए काबिल अभिनेत्री बाड़ीं आ ओहिमें से एगो नाम ह रिंकू घोष के. ‘सोहागन बना दऽ सजना हमार’ फिलिम से भोजपुरिया परदा पर डेग धरते रिंकू साबित कर दिहली कि इण्डस्ट्री के एगो बहुते प्रतिभावान अभिनेत्री मिल गइल बा. ई बतवला के जरूरत नइखे कि रिंकू आजु सिनेमा भोजपुरी में सबसे व्यस्त अभिनेत्रियन में गिनाली. अबले रिंकू भोजपुरी के सगरी बड़का स्टारन संगे काम कर चुकल बाड़ी आ ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘हमार घरवाली’, ‘बिदाई’, ‘बलिदान’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘आखिरी रास्ता’ समेत करीब चालीस गो फिलिम कर चुकल बाड़ी रिंकू. पिछला दिनें उनुका से बातचीत करे के मौका मिलल त उनुका आवे वाली फिलिमन पर कुछ बातचीत भइल. पढ़ीं ओही बातचीत के कुछ हिस्सा :
रिंकू जी, अपना फिलिमन के लगातार मिलत सफलता पर का कहल चाहब?
बस, इहे कि हमरा खातिर ई दर्शकन के प्यार बा जे लगातार हमरा फिलिमन के पसंद करत बाड़े आ हमरा सफलता मिलल जात बा. एगो बात अउर कहे चाहब कि हम अपना सगरी फिलिमन ला कड़ा मेहनत करीलें आ हमेशा कोशिश करीलें कि ओही फिलिमन के चुनीं जवन दर्शकन के पसंद आवे. अधिकतर भोजपुरी फिलिमन में हीरोइन ला बहुते कम स्कोप होला बाकिर तबो हम चाहींले कि उहे फिलिम साइन करीं जवना के किरदार में दम होखे. हमार कोशिश रहेला कि भलही कम फिलिम करीं बाकिर बढ़िया फिलिम चुनीं.

आपके फिलिम ‘कोठा’ के एह घरी बहुते चरचा बा एह बारे में कुछ बताईं.
मनोज श्रीपति झा के निर्देशन में बनल ‘कोठा’ में हमार मुख्य भूमिका बा. हमार किरदार एगो सिधवा अनाथ लड़िकी के बा जवना के बिआह सामूहिक होत बा आ बाद में ले जा के कोठा पर बेच दिहल जात बा. हालांकि बाद में हमार मरदे हमरा के ओह कोठा पर से वापिस ले आवत बा. आ फिलिम त बढ़िया बनले बा, एकर गीत संगीतो मजगर बनल बा. एकर सगरी गाना बहुते बढ़िया बाड़ी सँ.

आपके ‘जय मां मैहर वाली’ नाम के एगो हिन्दी फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाला बा. एह बारे में कुछ ?
देखीं, ‘जय मां मैहर वाली’ के हम अपना फिलिमन में ना गिन के अपना ला एगो अनुभव में गिनीलें. फिलिम करत घरी नया नया अनुभव मिलल. निर्माता-निर्देशक विनोद तिवारी के एह फिलिम कइला का बाद हमरा माता मैहर वाली के बारे में जाने के सौभाग्य मिलल आ इहो जान पवलीं कि अलाउद्दीन के रहलें. साँच पूछीं त ई फिलिम हम अपना खुद के संतोषे ला कइले रहीं आ एहमें काम कर के हमरा नया तरह के सुख मिलल.

रिंकू जी, रउरा हिंदी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ में अजय देवगन संगे एगो आइटम नम्बर कइले बानी, का आगहुँ आइटम नम्बर कइल चाहब?
देखीं, ‘हिम्मतवाला’ में अजय देवगन संगे गाना कइला के कारण अलग रहल. दरअसल निर्देशक साजिद खान के ऑफिस फोन आइल कि एह फिलिम ला पाँच गो अलग अलग भाषा के टॉप अभिनेत्रियन के शामिल कइल चाहत बानी. हमरा ई विचार भा गइल आ हम कर लिहनी. जहाँ ले आगे कवनो फिलिम में करे के सवाल बा त सब कुछ ओकरा स्टोरी लाइन आ गाना के सिचुएशन पर निर्भर करत बा. कवनो फूहड़ गाना त हम बिल्कुले ना कइल चाहब,

आपके आवे वाली फिलिमन के नाम ?
‘कोठा’ त जल्दिए रिलीज होखी, एकरे अलावे राजकुमार आर. पाण्डेय जी के ‘जीना तेरी गली में’ फिलिमो तुरते रिलीज होखे वाला बा. साथही मनोज श्रीपति झा जी के एगो अउर फिलिम करे जात बानी जवन बिल्कुल लीक से हट के होखी. एकरा बारे में जल्दिए बतावल जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up