AwadheshMishraभोजपुरी के नबंर वन खलनायक अवधेश मिश्रा अब अपना अभिनय के जलबा तमिलो फिलिमन मे देखावल करीहें.

अवधेश मिश्रा एगो तमिल फिल्म ‘पूजाई’ में मुख्य खलनायक के भूमिका में बाड़न. एकर शूटिंग एह घरी चेन्नई में चलत बा. निर्देशक हरि आ तमिल सुपरस्टार विशाल के एह फिलिम में अवधेश मिश्रा एगो बिहारी डॉन बनल बाड़न. एह तमिल फिलिम मे अवधेश मिश्रा के भोजपुरी संवादो बोलत देखल जाई.

एह बारे में बतियावत अवधेश मिश्रा कहलन कि पिछला दिने राजगीर में एगो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग करत घरी निर्देशक हरि के फोन मिलल रहे कि उ अपना फिलिम में हमरा से एगो बिहारी डॉन के भूमिका करावल चाहत बाड़न. हम बिना कुछ सोचले समुझले हामी भर दिहनी. जब एह फिलिम के सेट पर अइनी तब पता चलल कि हरि जी हमार कई एक भोजपुरी फिलिम देखला का बाद हमरा के अपना फिलिम में राखे के तय कइलन. उनुका अइसन खलनायक चाहत रहुवे जे एकदमे बिहारी अंदाज के होखो आ अवधेश मिश्रा त इंडस्ट्री में एही बात ला फेमस हउवन.


(रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: