आशिक के जनाजा बहुत धूम से निकलल

by | Apr 4, 2024 | 0 comments

Screengrab of youtube.com video

रोड शो आ जनाजा के फरक बिना कुछ कहले पता चल जाला. वायनाड से लोकसभा खातिर आपन परचा दाखिल करे से पहिले कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल आ पिछला बेर वायनाडे से चुनाव जीत चुकल राहुल गाँधी एगो रोड शो निकललन. एह रोड शो के वीडियो राहुल गाँधी के यूट्यूब चैनल पर जारी हो चुकल बा. वीडियो देख के पहिला बेर बुझइबे ना कइल कि ई केकर मातमी जुलूस निकालल गइल बा. उज्जर उज्जर कपड़ा पहिनले लोग देख के एही बात के तस्दीक करवावत रहुवे कि ई रोड शो ना हो के मुहब्बत के दोकान चलावे के दावा करे वाला के जनाजा हउवे. ना कवनो झण्डा, ना बैनर, ना फूल गुलदस्ता. जवन कि कवनो राजनीतिक जुलूस के जरुरी हिस्सा होखेला एह रोड शो से नदारद रहुवे.

कारण समुझे के परेशानी उठवला बिना स्मृति इरानी आ केरल के मुख्यमंत्री के बयान साफ कर दिहलसि कि ई मातम जइसन माहौल काहे बनावल गइल रहुवे. भोजपुरी के एगो कहाउत हउवे कि गुड़ खाए आ गुलगुला से परहेज करे. मुस्लिम लीग के समर्थनो चाही आ लोग के पता ना चलो ई इच्छो. एह चलते मुस्लिम लीग वालन से कह दिआइल रहुवे कि आपन झण्डा बैनर ले के मत अइहऽ लोग. आ तब एकरा बदलैन में इहो तय भइल कि कांग्रेसो के झण्डा बैनर एह शो में ना रही.

राहुल गाँधी के आपने चैनल पर जारी वीडियो रउरो देखीं आ बताईं कि हम सही कहत बानी कि गलत. शर्मिन्दगी त मुस्लिम लीग वालन खातिर बावे कि ओकरा के एह जोग ना समुझल गइल कि खुलेआम ओकर सहजोग देखावल जा सके.

आ एह फरक के अउर रेघरिआवे खातिर राहुले गाँधी के पुरनका जुलूस के वीडियो नीचे दे देत बानी –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up