एक दिन में बारह लाख से बेसी लोग देख लीहल पवन सिंह के सजल दरबार वीडियो

by | Oct 20, 2023 | 0 comments

सावन में काँवड़ यात्रा होखे भा कजरी गीतगवनई, फागुन में फगुआ आ चइत महीना में चइतीचइता. भोजपुरी में हर सीजन, हर महीना ला कवनो ना कवनो गीत रिलीज होखते रहेला आ भाजपुरी गायकगायकियन के एगो बड़हन फौज हमेशा लागल रहेले कुछ ना कुछ नया करे ला.

अब रउरा एहमें मीनमेख निकालीं भा जयकारा गाईं ई रउरा पर निर्भर बा. बाकिर एक बाति त तय बा कि भोजपुरी अपना गीतेगवनई का चलते जिन्दा बिया ना त आजु के पढ़ललिखल, सभ्य, सुसंस्कृत लोग कहिये सराध करा दिहले रहीत भोजपुरी के.

अपना बीस बरीस का उमिर में भोजपुरी में शुरु भइल पहिलका वेबसाइट – अँजोरिया डॉटकॉम बहुते उतार चढ़ाव देखत आइल बिया. तरहतरह के लोग एकरा से जुड़ल बाकिर ई केहू से ना जुड़ सकल. काहें कि हम एह नीति में कबो विश्वास ना कइनी कि तू हमरा ओरि ताकऽ हमरा तोहरा ओरि ताकी. तू हमार पीठ थपथपावऽ, हम तोहार पीठ थपथपाएब. हालांकि हम सभकर जयकारा गवनी, बिना एकर चाह कइले कि लोगो हमार जयकारा गावे. सभकर खबर अँजोर कइनी बाकिर बीसवां बरीस पर लोग से शुभकामना के दू गो शब्द सुने के कामना कइनी त ऊ कामने रहि गइल. जबले कमात रहनी, तबले फिकिर ना कइनी कि अँजोरिया पर कतना खरच होखत बा. अब जब कमाई के उमिर ना रहि गइल त लोग से निहोरा कइनी कि कुछ कुछ सहयोग करत रहीं सभे. बाकिर पांच लोग से बेसी ना मिल पवलें. भुला गइनी कि सभे अपना में परेशान बा दोसरा के सहजोग कइसे करो. रहिमन वो नर मर चुके जो कहूं मांगन जाय, उससे पहिले ऊ मुवे जिन मुख निकसत नाहीं. सभका एकरे फिकिर बा कि 

कहाँ बिया पिंकिया ?

आईं अब एह वीडियो का बारे में जान लीहल जाव. भोजपुरी सिनेमा के स्टार गायक पवन सिंह के ई वीडियो एके दिन में बारह लाख से बेसी लोग देख लीहल आ जब ले ई पन्ना रउरा पढ़े आएब तहिया ले पता ना अउर कतना करोड़ लोग देख लिहले रही.

प्रियांशु सिंह के संगीत निर्देशन में पवन सिंह आ शिवानी सिंह का गावल ई माईभजन सजल दरबारके गीतकार हउवें आशुतोष तिवारी. डीआरएस म्युजिक कंपनी से जारी एह तरह के वीडियो बनावेजारी करे का बारे में कुछ जाने के मन होखे त रउरा Trade Enquiry :- 92637 33397 से कर सकीलें.

पहिले एह तरह के जानकारी पीआर लोग का मार्फत आ जात रहुवे बाकिर अब फोकट में शंख बजावल छोड़ दिहले बानी. अपने से जवन संभव हो सकी, भा समय का हिसाब से ठीक लागी ओकरा के जब तब अँजोर करत रहब. आखिर रउरो लोग देवरभउजाई के संवाद कतना पढ़ब. बीचबीच में कुछ मनोरंजन करतकरावत रहल जरुरी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up