एगो सोझासोझी जवन भइबो कइल आ भइबो ना कइल

by | May 4, 2019 | 0 comments

दू दिन पहिले अपना स्वामी (भा स्वामिन) भक्ति ला मशहूर टीवी चैनल बाकायदा ट्वीटियाइल कि ऊ राहुल गाँधी के एगो जोरदार बेबाक सोझा सोझी प्रसारित करे वाला बा. ओह सोझासोझी के कुछ हिस्सा परोसबो कइलसि अपना ट्वीटर खूटा पर. बाकिर जब सब कुछ हो गइल तब पता ना कवना कारण ओह सोझासोझी के टीवी पर ना देखावे के फैसला ले लीहल गइल.

कुछ लोग कहत बा कि सोझासोझी राहुल के पप्पू इमेज अतना जोरदार आ बेबाकी से देखावे जात रहल कि ओकरा के देखावे से मना कर दीहल गइल. वइसहूं राहुल के भाषण भा बयानन से सही सही मतलब निकाल लेबे वाला विद्वान अबहीं ले सामने नइखे आइल.

आंकड़ा आ गिनिती से त राहुल भवे-भसुर वाला रिश्ता राखेलें. भरसक फरका रहे के कोशिश करेलें. 72 हजार कब 32 लाख हो जाई, कहाँ से 25 हजार करोड़ लोग पैदा हो जाई, अठन्नी के खरीददारी में साढे सात रुपिया के बेइमानी हो जाई एह सब से उनुका कबहूं मतलब ना रहल. आ दरबारियन के टोल एह मतिसुन्न अधबूढ़ लड़िका के समझावहूं के हिम्मत ना राखे.

बाकिर सोझासोझी लिहला का बाद ओकरा के प्रसारित ना करे के फैसला एनडीटीवी के मलद्वार के घाव बन के रहि गइल बा. ना देखावे जोग बा ना बरदाश्त करे जोग. तरह तरह के बयानबाजी हो रहल बा कि सोझासोझी रहबे ना कइल ई. अलग बाति बा कि कांग्रेस ओकरा वीडियोग्राफी जरुर कइले रहुवे बाकिर चैनल के पँहुच ओह रिकार्डिंग ले नइखे. अब या त चैनल ई मानि के चलत बा कि पूरा देश कांग्रेसियने का तरह मंदबुद्धि मतिसुन्न हो गइल बा आ ऊ एह बाति के बेझिझक मान ली कि टीवी चैनल वीडियो रिकार्डिंग नइखे करवले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up