Pawan-Ravi-Shubhi-katta-tanalफेथ इनकारपोरेट के बैनर में बनल निर्माता राहुल कपुर आ राखी सावंत के भोजपुरी फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ के प्रदर्शन 21 फरवरी से बिहार के सिनेमाघरों में कइल जा रहल बा. एह म्युजिकल रोमांटिक एक्शन फिलिम में सुपरस्टार रविकिशन आ सुपरस्टार पवन सिंह के टक्कर देखे के मिलत बा. फिलिम में दुनु के प्रेयसी बाड़ी स्टार अदाकारा शुभी शर्मा.

साथी कलाकारन में शहबाज खान, माया यादव, आ ब्रजेश त्रिपाठी के मुख्य भूमिका बा साथही राखी सावंत, रिंकु घोष आ अंजना सिंह पर हॉट आईटम डांसो फिलिमावल गइल बा. निर्देशक हउवें एम.आई. राज, संगीतकार मधुकर आनंद, एक्शन मास्टर जय सिंह गिज्जर आ कार्यकारी निर्माता विकेश शाह हउवें.


(प्रशांत निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d