एह एपिसोड में रवि किशन के दबंग के गाना पर दिहल पर्फोमेंस का बाद करण जौहर रवि किशन के बहुते तारीफ कइलन आ कहलन कि उनुका भोजपुरी फिलिमन के गाना बहुते पसंद बा खासकर के रवि किशन पर फिल्मावल कुछ गाना. ओकरा बाद ऊ रवि किशन से निहोरा कइलन कि ऊ उनका फेवरेट गाना “तोहार लहंगा उठा देब रिमोट से” पर परफोर्म करसु. रवि किशन तब ठेठ भोजपुरिया अंदाज़ में ओह गाना पर ठुमका लगवलें.
रवि किशन के कहना बा कि करण जौहर जइसन निर्माता निर्देशक अगर भोजपुरी गाना पसंद करेलें त ई बिना शक भोजपुरी ला शुभ संकेत बा.
(उदय भगत के रिपोर्ट)