कश्मीर का वादियन में "करेंट मारे गोरिया"

by | Nov 1, 2010 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म के शूटिंग के बात आवेला त निर्माता निर्देशक उत्तर प्रदेश – बिहार ना त फेर मुंबई में लोकेशन तलाशेलें. बाकिर एगो भोजपुरी फिल्म अइसनो बा जवना के अधिकतर शूटिंग जम्मू – कश्मीर में कइल जाई.

मारुती क्रियेशन के बैनर तले निर्माता रमन पंचौरी व आभा सिंह आ निर्देशक टी .बौबी सिंह के फिल्म “करेंट मारे गोरिया” के शूटिंग जम्मू कश्मीर में कइल जाई. निर्माता रमन पंचौरी कहले कि “करेंट मारे गोरिया” के आधा शूटिंग मुंबई में कर लिहल गइल बा. फिल्म के शेष भाग कहानी का मांग पर कश्मीरी परिवेश में फिल्मावल जाई.

बतावल जरुरी बा कि एही फिल्म से एगो कश्मीरी अभिनेत्री, रितु मेहरा, भोजपुरी फिल्म जगत में डेग धरे जा रहलबाड़ी. एह फिल्म के एगो अउरी खासियत बा कि अनेकन सफल फिल्म बना चुकल निर्देशक बौबी सिंह एह फिल्म से अभिनय का क्षेत्रो में कदम रख दिहले बाड़न. फिल्म का एडिटिंग का दौरान जेही बौबी सिंह के काम देखल उहे जम के सरहलसि.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव, अजय दीक्षित , मॉडल से अभिनेत्री बनल महक मल्होत्रा, भोजपुरी के मशहूर लोक गायिका वर्षा तिवारी आदि शामिल बा लोग.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up