कोलकाता में करावल जाई भोजपुरी सिने अवार्ड समारोह

by | Mar 15, 2018 | 0 comments


कोलकाता 15 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन के कहना बा कि कोलकाता में भोजपुरी सिने अवार्ड के कार्यक्रम कइला से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी.

जान जाईं कि पांच मई के कोलकाता के नेताजी इनडोर स्टेडियम में भोजपुरी सिने अवार्ड के आयोजन होखे जा रहल बा.

रवि किशन बतवलें कि भोजपुरी के शो कोलकाता में होत रहेला बाकिर पहिला बेर नेताजी इनडोर स्टेडियम के विशाल मंच पर अवार्ड के बीच कलाकारन के रंगा रंग कार्यक्रम प्रस्तुति होखे वाला बा. कहलन कि कोलकाता के माटी कला क माटी ह आ एहिजा लाखों के तादाद में भोजपुरिया समाज के लोग रहेलें जो एहिया रहतो अपना माटी से जुड़ल रहेलें.

आयोजकन के धन्यवाद देत रवि किशन कहलन कि कोलकाता में एह तरह के भव्य कार्यक्रम से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी.

भोजपुरी के मशहूर अभिनेत्री काजल राघवानी कहली कि आमतौर पर ऊ कवनो अवार्ड समारोह में कमे शामिल होली बाकिर एहिजा सामिले होखिहें आ परफॉर्मो करीहें.

समारोह के आयोजक विकास सिंह बिरप्पन बतवलन कि ई पहिला मौका होखा जब कवनो अवार्ड समारोह में पूरा भोजपुरी जगत एके मंच पर मौजूद होखी. मनोज तिवारी, निरहुआ, पवन सिंह, खेसारी लाल यादव समेत 150 कलाकार आ तकनीशियन पांच मई का दिने कोलकाता सिने अवार्ड नाइट में शिरकत करीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up