खबरन का बीच-बीच में गीतो सुनावल जरूरी बा ना त …

by | Mar 29, 2024 | 0 comments

source cover of the video from youtube.com

रोज करीब औसतन पाँच-छह सौ लोग दुनिया केे भोजपुरी में पहिलका वेेबसाइट भा कहीं त bhojpuri.website अँजोरिया डॉटकॉम पर आवेला बाकिर चूंकि एह लोग के सुभाव में नइखे कुछ कमेंट करे के भा बतावे केे कि उनुका का नीमन लागल आ का बाऊर, से पता ना चले कि का परोसींं, का ना.

लोग रोज रोज आवेे आ जानेे कि भोजपुरी में महज गीतेे-गवनई आ कवितेे-कहानी लेे नइखेेे एहसेे तात्कालिक खबरन पर आपन एकतरफा विचार परोसल करीलें. बाकिर लोग उबेे मत लागेे एहसे बीच-बीच में गीत-गवनई केे छोंको लगावल जरुरी बुझाला ना त कहीं लोग आवले मत छोड़ देव !

पढ़ल-लिखल संस्कारी सभ्य लोग त बतावलो ना चाहे कि ऊ भोजपुरिया हउवें. नीमनका सुनिहें ना आ बउरका केे रोना रोवत रहिहें. ओहू लोग के आँख खोलल जरुरी होला.

रउरा सभे विज्ञापन के भरमार देख के भरमाईं मत कि अब अँजोरिया केे कमाई होखे लागल बा आ एकरा के आर्थिक सहजोग दीहल जरुरी नइखे. विज्ञापन से रोज अठन्निओ भर के कमाई ना होखे. बाकिर विज्ञापन देखवला के एक मकसद उहे होला जवन चुनावी सभा मेें भीड़ जुटवला के होला. रउरा लागे के चाहीं कि एकरा लगे समर्थन भरपूर बा. असलियत के पता त ईवीएम खुलला का बादे पता चलेला.

रउरा एहिजा आइल बानीं त रउरा जरुरे कुछ भोजपुरी में खोजल चहले होखब. अब आ गइल बानीं त कम सेे कम दस बीस पन्ना पढ़ के देखीं. नीमन लागे त अपना सोशल मंच, व्हाट्सअप फेेेसबुक ट्वीटर वगैरह, पर साझा कर के रउरा बहुते बड़ सहजोग कर देेब हमार. आर्थिक सहजोग कइला के मन सभका ना होखे बाकिर अगर रउरा कुछ कर सकीं त लिंक बगल मेें दीहल गइल बा. अंजोरिया के भामाशाह बने खातिर रउरा से निहोरा बा. एने ढेर दिन हो गइल केहू कुछ अभिदान नइखे कइले.

अब हमार अतना कुछ पढ़ केे मन त भन्नाइए गइल होखी सेे एगो गीत सुनावल चाहत बानी –

यू ट्यूब पर वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भोजपुरी के चैनल पर हालही मेें एगो नया वीडियो रिलीज भइल बा शिवानी सिंह का आवाज में. सुनाई त शिवानी के आवाज बाकिर लउकिहें काजल त्रिपाठी जे एहमेें अभिनय कइले बाड़ी.

‘कहिया ले रहबऽ तू किसान ए पिया, बनवा द एगो बॉम्बे में मकान ए पिया…
ओकरा नीचे खोलिहऽ तू दुकान ए पिया, बनवा द एगो बॉम्बे में मकान ए पिया…’

एह गीत के गीतकार हउवेें अर्जुन शर्मा, संगीतकार रवि राज देव, निर्माता रत्नाकर कुमार, वीडियो डायरेक्टर दिनेश जी, कोरियोग्राफर गोल्डी जायसवाल, आ डीओपी सनी हउवेे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up