खेसारीलाल के नया गीत – राम जाने

by | Apr 2, 2024 | 0 comments

Photo source: video on youtube.com

आजु अनहियें कुछ घंटा पहिले खेसारी लाल यादव के गावल गीत – ‘राम जाने कि तोहर काम जाने’ यूट्यूब पर रिलीज भइल बा. आ जब ले हम एकरा के देखनी आ रउरा सभे के सुनावे ला चुननी तब ले एकरा के करीब बारह लाख लोग देख चुकल बा. एकरे के कहल जाला भोजपुरी गीत-गवनई के ताकत.

एही ताकत का चलते हिन्दी सिनेमा वाले बाकायदा एगो आन्दोलन चला के भोजपुरी गीत-गवनई के बदनाम करावे के. आ एह चाल में आम भोजपुरिोओ फँस गइलें आ उहो कहे लगलें कि भोजपुरी गीत अश्लील होखेली सँ.

मानत बानी कि भोजपुरी गीत-गवनई में कुछ अइसनो गीत आवत रहेली सँ जवना के बनावल त जाला आम आदमी ला बाकिर जब ओकरा के हिन्दीदां भा अंगरेजी में फटर-फटर करे वाला समुझिए ना पावसु.

जुम्मा के जुम्मा चुम्मा के वादा अश्लील ना होखे, चुनरी के नीचे क्या है, चोली के पीछे क्या है अश्लील ना होखे बाकिर लहँगा उठा देब रिमोट से एही लोग के अश्लील लागे लागेला.

खैर आजु त श्लील-अश्लील के बकवास के कवनो जरुरते नइखे का‌हें कि एह गाना में कवनो दुअर्थी बोल नइखे ना ही वीडियो के हाव भाव अश्लील कहाए जोग बा. एहसे एह गाना के रउरा मजे से सभका सोझा देख सुन सकीलें. आ हमरा कहला पर काहे जाईं. खुदे सुन के तय करीं. नीमन लागे त अपना फेसबुक, इंस्टा. ट्वीदर, ह्वाट्सअप पर शेयर करीं. ना त कहीं अइसन मत होखे कि रउरो से पुछाए लागे कि हमरा के इंस्टा पर ब्लॉक काहे कइलऽ ?आ रउरा कहे लागीं कि –
हम दिहनी धोखा कि तू दिहलू
सारा बतिया भगवान जाने.

खेसारी लाल यादव आ शिल्पी राज के गावल एह गीत के गीतकार अखिलेश कश्यप, संगीतकार विकास यादव, निर्देशक पवन पाल, पर्दा पर सपना चौहान आ खेसारीलाल यादव, निर्माता मनीषा सिंह आ परोसले बावे मन्शा इंटरटेनमेंट. एकर डिजिटल हेड कमलेश कुमार आ डिजीटल पार्टनर हवे मार्जिन मीडिया इंटरटेनमेंट.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up