‘गंगा के लाल काशी विश्वनाथ’ के मुहूर्त गाना रिकार्डिंग करा के

by | Oct 19, 2013 | 0 comments

GangaKeLalनील कमल प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘गंगा के लाल काशी विश्वनाथ’ के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के कमाल अमरोही स्टूडियो में फिल्म के नायक रोशन कुमार आ नायिका अक्षरा सिंह के ऊपर फिलिमावल रोमांटिक गीत के रिकार्डिंग क के कइल गइल.
निर्माता आर.एस.झा, निर्देशक तेजेश अखौरी, पटकथा-संवाद लेखक तेजेश अखौरी आ डी.के. बरनवाल, संगीतकार राजेश मिश्रा, दामोदर राव अउर अमरेश शाहाबादी, गीतकार राजेश मिश्रा, कोरियोग्राफर राजू नायडू, ध्वनि दिलीप सावंत, एडीटर दीपक जऊल, आर्ट अंजनी तिवारी, कैमरामैन संजय पाठक आ कार्यकारी निर्माता आर.पी. त्रिपाठी हउवें.
कलाकारन में रोशन कुमार, अक्षरा सिंह, प्रतिभा पाण्डे, माया यादव, प्रकाश जैस, संजय पाण्डे वगैरह के नाम खास बा.

मुहुर्त का मौका पर निर्देशक तेजेश अखौरी बतवले के एह फिलिम के कहानी आम भोजपुरी फिलिमन से अलगा तरह के बा. आमतौर पर देकावल जाला कि झगड़ा आ दुश्मनी नायक नायिका के प्रेम का चलते होला जबकि वास्तविक समाज में अइसन कमे होला. अधिकतर लड़ाई झगड़ा पटिदारी आ ठेकेदारी ले के होला. एह फिलिम मे एही वास्तविकता के देखावल गइल बा.
नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से पास आउट अभिनेता रोशन कुमार एहसे पहिले ‘सुगना’ आ ‘रिहाई’ में देखाई दे चुकल बाड़े, एह फिलिम मे ऊ काशी के भूमिका में बाड़े. कहानी काशी आ विश्वनाथ नाम के दू गो भाईयन के बा.
विश्वनाथ के किरदार ला एगो बड़हन स्टार से बातचीत चल रहल बा आ जल्दिए उनका नाम के एलान कर दीहल जाई.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up