चुनाव का समय सांच देखावल ठीक बात ना होखी

by | Apr 5, 2024 | 0 comments

केरल स्टोरी फिल्म पिछला साल रिलीज भइल रहुवे. आजु दूरदर्शन ओकरा के अपना चैनल पर देखावे के एलान कइले बावे. देखाई कि ना, देखा पाई कि ना, से त नइखौं जानत. काहे कि केरल के मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन निहोरा कइले बाड़न कि दूरदर्शन ‘केरल स्टोरी’ के प्रसारण के आपन फैसला रद्द कर देव काहे कि चुनाव का बेरा एह फिलिम के देखवला से समाज में स‌ाम्प्रदायिक तनाव बढ़ जाई.

अगर उनुकर मानीं त ई फिलिम केरल के सेकूलर छवि बिगाड़े के साजिश का चलते बनावल गइल आ ई राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ आ भारतीय जनता पार्टी के प्रचार करे वाली फिलिम हवे.

अपना एक्स (ट्वीटर) अकाउन्ट पर एगो पोस्ट कइले बाड़न पिनराई विजयन –

विजयन के कहना बा कि, ध्रुवीकरण करावे वाली फिलिम ‘द केरल स्टोरी’ के दूरदर्शन पर प्रसारित करे के फैसला बहुते निंदनीय बावे. दूरदर्शन के भाजपा-आरएसएस गठबंधन के प्रचार मशीन ना बने के चाहीं आ अइसन फिलिम ना देखावे के चाहीं जवना से सांप्रदायिक तनाव बढ़े. केरल एह तरह के नफरती प्रयास के हमेशा आ पूरजोर विरोध करी.

जाने जोग बा कि दूरदर्शन ‘द केरल स्टोरी; फिलिम के प्रसारण आजु करे के एलान कइले बावे.

केरल के नेता-विपक्ष वीडी सतीसनो के कहना बा कि कांग्रेस पार्टी एह फिलिम के प्रसारण रोकवावे खातिर चुनाव आयोग का लगे जाई काहे कि ई आचार संहिता के उल्लंघन होखी.

फिलिम वइसे त मलयालम में बनल रहुवे बाकिर पूरा देश मेें रिलीज करे खातिर एकरा के हिन्दी में डब करावल गइल बा. फिलिम त हिन्दी में बा आ दस महीना पहिले रिलीज हो चुकल बा आ देश भर के बहुते लोग एकरा के देख चुकल बा.

पिनराई विजयन के विरोध पर केन्द्रीय मंत्री वी मुरलीधरन के कहना बा कि लेफ्ट फ्रंट त हमेशा अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता के पक्षधर रहल बावे. त फेर एगो फिलिम के प्रसारण के विरोध काहे कइल जा रहल बा. दोसरे ई फिलिम सेंसर बोर्ड से पारित हो चुकल बा आ एकरा पर रोक लगावे से न्यायालयो इंकार कर चुकल बाड़ी सँ.

समाचार के परिभाषा होला कि जवना बात के केहू दबावे भा लुकावे के चाहे ऊ खबर होला आ जवना के फैलावे चाहे ओकरा के विज्ञापन कहल जाला. विज्ञापन देखावे खातिर पइसा मिलेला आ लोग विज्ञापन देखे एह खातिर ओकरा के समाचार का साथे देखावल जाला.

अगर अबहीं ले रउरा एह फिलिम के नइखीं देखले त आजु आ अबहियें एहिजे देख लीं. कुछ दृश्य भयावह भा खराब लाग सकेला एकरा के ध्यान में राखिये के देखीं. हो सके त बचवन के एह फिलिम से फरका राखीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up