चोकलेटी जुबेर खान कइलन खलनायक छोटन यादव के रोल

by | Feb 22, 2013 | 0 comments

juber-khanहिन्दी फ़िल्म इंडस्ट्रीज में आमिर, शाहरुख़ आ सलमान खान के डंका भलही बाजत होखे बाकिर सिनेम भोजपुरी में एकहू खान ना रहल आ अब एह कमी के पूरा कर दिहलन जुबेर खान. मशहूर निर्देशक असलम शेख के खोजल जुबेर खान के पहिलका फिलिम “रखवाला” एही शुक के रिलीज भइल बा जवना में ऊ छोटन यादव नाम के विलेन बनल बाड़े. फिलिम के चरचा त बड़ले बा, विलेन का रूप में जुबेरो के खूब चरचा होखत बा. असलम शेख के आपन आदर्श मने वाला जुबेर के शुरूआते निरहुआ के साथ भइल. पहिलके शॉट में जुबेर के सामना निरहुआ से पड़ल बाकिर निरहुआ के हौसला अफजाई से जुबेर ओह सीन के बखूबी कर पवले.

मुंबई के पलल बढल जुबेर खान किशोर नामित कपूर से अभिनय के गुर सिखला का बाद अपना अभिनय केरियर के शुरुवात भोजपुरीए सिनेमा से करे के फैसला कइलन. कहेले कि माई बनारस के हई आ मुंबई में रहला क वावजूद संस्कार बनारसे के बा उनकर. उनुके छोह से तय कइलन कि शुरुआत अपना माई के भाषा से करस. जुबेर के एह बात के डर नइखे कि भोजपुरी फिलिम से शुरूआत कइला क बाद हिंदी सिनेमा में घुसल मुश्किल हो जाई. कहेले कि अगर रउरा में अभिनय क्षमता बा त हर जगहे राउर पूछ होखी.

जुबेर के परिवार भवन निर्माण के काम से जुड़ल बा बाकि जुबेर बचपने से अभिनय, डांस, सीखे में समय दिहल शुरू कर दिहले रहन. जुबेर के पूरा विश्वास बा कि सिनेमा में ऊ एगो लमहर पारी खेले आइल बाड़न.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up