जला देब दुनिया …… के म्यूजिक रिलीज

by | Jun 24, 2010 | 0 comments

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन पिछला दिने एगो भव्य समारोह में कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल भइल आ अमेरिकन डिजिटल तकनीक से बनल पहिलका भोजपुरी फिल्म जला देब दुनिया तोहरा प्यार में के म्यूजिक लौंच कइले. एह मौका पर फिल्म के निर्माता पवन शर्मा, प्रसिद्ध वितरक संजय सिन्हा, भोजपुरी फिल्मन के जानल मानल निर्मात्री मोनिका सिन्हा, आ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक अवधेश मिश्रा समेत कई गो गणमान्य लोग मौजूद रहुवे.


एह मौका पर आपन बात कहत रवि किशन कहले कि हमनी खातिर ई गर्व के बात बा कि भोजपुरी फिल्मन का निर्माण में अमेरिकनो कंपनी उतर गइल बिया. ऊ आगे कहलन कि अमेरिकन कंपनी पन फिल्म आगहू भोजपुरी फिल्म बनावत रही. फिल्म के निर्माता पवन शर्मा कहले कि पन फिल्म फोर्चून टेलर जइसन अवार्ड विनिंग अंग्रेजी फिल्म बना चुकल बिया आ भारतीय फिल्म बाजार में उतरे के फैसला कइलस त पहिले सर्वे करवलस आ देखलस कि अगर निमन फिल्म बनावल जाय त भोजपुरी से बढ़िया दोसर कवनो भाषा नइखे. कहलन कि पन फिल्म से जुड़ल सुधीर कदम आ तेजस्वी कदम अमेरिका में रहला का चलते एहिजा आजु ना आ पावल.

खलनायक अवधेश मिश्रा कहले कि वइसे त हर फिल्म में रविकिशन का हाथे मार खात आइल बाड़े बाकिर एह दुनु जने के टक्कर बाकी फिल्मन से अलगा बा. जला देब दुनिया तोहरा प्यार में के धीरज कुमार निर्देशित कइले बाड़न, जे पहिले संजय लीला भंसाली आ राम गोपाल वर्मा जइसन नामचीन निर्देशकन का सहायक का रूप में काम कर चुकल बाड़े. रेड वन ( बिना रील वाले) कैमरा से शूट भइल भोजपुरी के एह पहिलका फिल्म के संगीत राजेश रजनीश के ह. फिल्म का दोसर मुख्य किरदारन में शिखा, ब्रृजेश त्रिपाठी, कोमल ढिल्लन, विनोद मिश्रा , सी.पी.भट्ट, आ फूल सिंह शामिल बाड़न जा.


(स्रोत : उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up