सिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता निदेशक राजकुमार पाण्डेय के नइकी फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ 24 मई के बिहार के सिनेमाघरन में रिलीज कर दिहल गइल. साईदीप फिल्म्स आ सुनीत तिवारी के सी.पी.आई. मूवीज के एह प्रस्तुति से राजकुमार पाण्डेय अपना बेटा प्रदीप पाण्डेय चिंटू के नायक बना के लांच कइले बाड़न. एह फिलिम के संगीतकारो राजकुमार पाण्डेय अपनही बाड़न.
एह फिलिम में चिंटू संगे प्रियंका पाण्डेय, सुशील सिंह, आ रिंकू घोष बाड़ी. फिलिम के प्रोमो आ ट्रेलर के बढ़िया रिस्पांस मिलल रहे आ एर गाना लोग का जबान पर पहिलही से चढ़ गइल बा.
(प्रशांत निशांत)