टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

by | Jun 5, 2021 | 0 comments

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में 3 जून, बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार आजु शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइले बिया आ एह चलते राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. साथही देश भर में कवनो सरकारी मनरंजन के काम ना होखी.
जगनाथ के निधन पर शोक प्रकट करत पीएम मोदी कहनी कि ऊ एगो स्टेट्समैन रहलन आ आधुनिक मॉारीशस के निर्माता रहलन. कहलन कि एह गर्वित प्रवासी भारतीय का चलते भारत आ मॉरीशस के आपसी संबंध पोढ़ बनल. जाने जोग बा कि अनिरुध जगनाथ के भारत के बड़का नागरिक सम्मान पद्मविभूषण से सम्मानित कइल जा चुकल बा.
एह घरी उनुकर बेटा प्रविन्द जगनाथ मॉरीशस के प्रधानमंत्री बाड़न. इहो जाने जोग बा कि जगनाथ के परिवार बलिया जिला के अठिलपुरा गाँव के रहलें. बरीस 1873 में उनुकर पिता आ चाचा गिरमिटिया मजदूर का रुप में मॉरीशस भेजल गइल रहलें.

रक्षा मंत्रालय देशे में छह गो पनडुब्बी बनावे खातिर 43 हजार करोड़ रूपिया के परियोजना खातिर निविदा जारी के के मंजूरी दे दिहलसि. एकरा साथही सशस्त्र बलन के आधुनिकीकरण आ संचालन उपकरण खरीदे खातिर छह हजार करोड़ रूपिया के रक्षा सौदन के मंजूरी दे दिहलसि. रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह का अध्यक्षता में शुक का दिने भइल बइछक में ई सब फैसला भइल. नौसेना ला पी 75 श्रेणी के ई पनडुब्बी स्वदेशी होखला का साथही नया से नया प्रणालियन से लैस कइल जाई.

अभिनेत्री जूही चावला के पता ना कवन कीड़ा कटले रहुवे कि ऊ 5जी तकनीक का खिलाफ दिल्ली हाई कोर्ट में गोहर लगा बइठली कि एह तकनीक पर रोक लगा दीहल जाव. उऩका याचिका के खारिज करत कोर्ट उऩुका पर बीस लाख रुपिया के जुरमानो लगा दिहलसि कि बेमतलब के याचिका ऊ अपना प्रचार ला लगवली. वइसे सोशल मीडिया पर कहल जा रहल बा कि उऩुकर पति व्यापारी हउवन आ चीन से उऩुकर कारोबार होत रहेला. जूही चावला के नौटंकी एह हद ले गिरल रहल कि जब ऊ कोर्ट में आपन आनलाइल बयान देत रहली त ओकरा के सार्वजनिक क दिहले रहली. एह दौरान उनुकर एगो चहेता फिल्मी गाना गावे लागल रहुवे. कोर्ट दिल्ली पुलिस से ओकर पता लगावे के कहलसि जेहसे ओकरा पर कोर्ट के अवमानना के मुकदमा चलावल जा सके.

पंजाब सरकार कोरोना महामारी में कमाई के एगो नया राह निकालत केन्द्र से चार चार सौ में खरीदल टीका निजी अस्पतालन के 1060 रुपया प्रति टीका में बेच दिहलसि. निजी अस्पताल आम जनता से 1560 रुपिया ले के टीका लगवलन. एह कुकर्म के खबर सार्वजनिक हो गइला का बाद अब पंजाब सरकार कहले बिया कि निजी अस्पतालन से सगरी टीका का बदले टीका लीहल जाई आ जे लोग अधिका रुपिया दे के टीका लगवावल ओह लोग के रुपिया लवटा दीहल जाई. एहसे जान जाईं कि अगर एह दौरान केन्द्र में कांग्रेसी सरकार रहीत त कइसन कइसन घोटाला भइल रहीत आ देश के सड़क लाशन से पटाइल रहीत. कांग्रेसिया अपना कमाई के मौका बाँव हो गइला का कसक में एही चलते रोजे मोदी सरकार का खिलाफ बेमतलब के बयानबाजी करत बाड़ें.

पंजाब में होखे वाला विधानसभा चुनाव में अबकी बेर भाजपा अकेले आ सगरी सीट से चुनाव लड़ी. भाजपा के दावा बा कि जनता अबकी ओकर सरकार बनवावे के मन बना लिहले बिया.

शिरोमणि अकाली दल के एगो बड़हन नेता श्रीअकाल तख्त साहिब के जत्थेदार से अपील कइले बाड़न कि साल 1984 के सिख कत्लेआम खातिर जिम्मेदार गांधी परिवार आ ओह घरी राष्ट्रपति रहल ज्ञानी जैल सिंह आ इउरी दोषियन के सिख कौम के दुश्मन करार देबे के हुक्मनामा जारी कइल जाव.

पदमश्री मिल्खा सिंह के काल्हु तबीयत बिगड़ला का बाद चंडीगढ़ पीजीआई के कोविड वार्ड में भरती कइल गइल बा. उनुकर तबियत स्थिर बतावल जात बा.

राष्ट्रमंडल खेलन के पहलवानी के स्वर्ण विजेता रहल आ टोक्यो ओलिंपिक जाए वाला पहलवान सुमित मलिक डोप टेस्ट में फेल हो गइल बाड़न. कहल जात बा कि ऊ एह बीच बीमार रहलन आ हो सकेला ओही दौरान कवनो दवाई बिना जानकारी के ले लिहले होइहें. बाकिर तबले यूनाइटेड वर्ल्ड रेसलिंग उऩुका के अस्थाई रूप से निलंबित क दिहले बावे.

रिजर्व बैंक के नीतिगत बयान अइला का बाद शुक का दिने शेयर बाजार बिकवाली में आ गइलें. सेंसेक्स 132 अंक टूटल त निफ्टी 20 अंक. वइसे बियफे का दिने ऐतिहासिक ऊँचाई पर बंद भइला का बाद थोड़ बहुत गिरावट आवे के उमेदो रहुवे.

कोरोना वैक्सीन के कमी दूर करे खातिर केंद्र सरकार हैदराबाद के कंपनी बायोलॉजिकल-ई के वैक्सीन के 30 करोड डोज तइयार करे ला डेढ़ हजार करोड़ रुपिया अगवाह भुगतान करे जा रहल बिया, अइसन जानकारी सुशील मोदी अपना बयान में दिहले बाड़न.

सारण के डोरीगंज इलाका के बदलपुरा गाँव के लगे गंगा नदी का किनारे रेत पर पड़ल गाँवे के एगो आदमी के लाश बरामद भइल बा. एगो दोसर लाश छपरा के अजायबगंज मुहल्ला से मिलल जवन इनई गाँव के एगो आदमी के बतावल गइल बा. तिसरका लाश भेल्दी गाँव के ईंट भट्ठा का नियरा का पानी भरस गड़हा से बरामद भइल बा. ई लाश ओही भट्ठा पर काम करे वाला झारखंड के एगो मजदूर के बतावल गइल बा. सारण से एगो अउर खबर आइल बा कि कोपा इलाका के कुमना गाँव के एगो नवही के मौत साँप कटला का चलते हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के बाल्मीकि नगर इलाका के सोहरिया गांव के एगो नक्सली के रंगदारी माँगे का आरोप में गिरफ्तार कइलसि पुलिस.

बलिया के रसड़ा कोतवाली इलाका के एगो किशोरी से 29 मई का राति गैंग रेप करे वाला दू गो आरोपियन के पुलिस काल्हु गिरफ्तार क लिहलसि.

मिर्जापुर के देहात कोतवाली इलाका में भइल एगो ट्रक अउर कार के टक्कर से एगो नवही के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें. ई लोग मुम्बई से बिहार के किशनगंज जात रहुवे.

बलिया के सहतवार इलाका में शुक का सबेरे एगो बियाहल औरत फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

सीवान जिला के मुफस्सिल इलाका में शुक का दिने एगो सड़क हादसा में गुठनी इलाका के बिसवार गाँव के एगो पुजारी के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up