टटका खबर, शुक, 2 अप्रैल 2021

by | Apr 2, 2021 | 0 comments

मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्‍के पुरस्‍कार से सम्‍मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्‍मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना प्रतिभा, लगन, आ हुनर से रजनीकांत लोगन का दिल में आपन अलगे जगहा बना लिहले बाड़न. जाने जोग बा कि दादासाहेब फाल्‍के पुरस्‍कार भारतीय सिनेमा के सबले प्रतिष्ठित पुरस्‍कार हवे.

12 दिसम्‍बर 1950 का दिने बैंगलोर में रहत एगो मराठी परिवार में जनमल रजनीकांत के नाम रखाइल रहल शिवाजीराव गायकवाड़. प्राथमिक शिक्षा बैंगलोर में भइल आ पढ़ाई का बाद रजनीकींत के नौकरी बैंगलोर ट्रांसपोर्ट सर्विस में लाग गइल आ ऊ बस कंडक्‍टर बन गइलन. बाद में मद्रास के अड्यार फिल्‍म संस्‍थान में अभिनय सीखत घरी तमिल सिनेमा का मशहूर निर्देशक के0 बालचन्‍दर के नजर उनुका पर पड़ल आ ऊ अपना फिलिम अपूर्वारागनल में एगो छोटहन किरदार ला चुनत उनका के एगो नया नाम दिहलन – रजनीकांत. ई फिलिम 15 अगस्‍त 1975 का दिने रिलीज भइल रहुवे. रजनीकांत 160 से अधिका फिलिमन मे काम कइले बाड़न आ एहमें सबले अधिका तमिल फिलिम बाड़ी सँ. एकरा अलावे ऊ हिन्दी, तेलुगु, कन्‍नड, मलयालम, आ बंगला फिलिमों में काम कइले बाड़न.

एहसे पहिले रजनीकांत के साल 2000 में पद्मभूषण आ साल 2016 में पद्म विभूषण से अलंकृत क चुकल बिया केन्द्र सरकार.

कोरोना पसार के दुसरका दौर के रफ्तार गँवे होखे के कवनो संकेत नइखे मिलत. आठ राज्य – महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, कर्नाटक, पंजाब, केरल,तमिलनाडु, गुजरात, अउर मध्‍य प्रदेश – में रोजे कोरोना के नया मामिला लगातार बढत जात बाड़ी सँ. देश के कुल कोरोना मरीजन में करीब 85 फीसदी एही राज्यन में बाड़ें.

पश्चिम बंगाल के 30 गो आ असम के 39 गो विधानसभा सीटन पर काल्हु बियफे के वोटिंग के काम निकहा से हो गइल. पश्चिम बंगाल में 80.43 प्रतिशत आ असम में 73.03 प्रतिशत मतदाता वोट डललें. एह दौरान बात फइलल कि नंदीग्राम में आपन हार के अनेसा देखत ममता बनर्जी अब कवनो अउरो सीट से चुनाव लड़ सकेली. बाकिर साँझ होत तृणमूल कांग्रेस का तरफ से एकर खंडन कर दीहल गइल. दिन में वोटिंग का दौरान ममता बनर्जी एके बूथ पर कई घंटा से बइठल रह गइली आ उनुकर बिनबिनात बयान एह बीचे लगातार आवत रहल. लोगन के धमकावत कहली कि चुनाव बीतला का बाद सभकर कान अईंठल जाई. केन्द्रीय बल कहिया ले रहीहें.

सारण जिला के जलालपुर इलाका के रूदलपुर गांव आग से जरके एगो औरत के मौत हो गइल. हालांकी मरे वाली औरत के बाप मांझी इलाका के माड़ीपुर गांव के उपेंद्र सिंह जलालपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें कि उनुका बे़टी के शादी का बादे से ओकरा ससुराल के लोग दहेज ला प्रताड़ित करत रहलें आ अब ओकरा के जरा के मार दिहले बाड़ें.

मशरक पुलिस के सुबह वाली गश्ती का दौरान राजमार्ग 90 पर मशरक प्रखंड कार्यालय का नियरा पीछे से आवत एगो ट्रक गश्ती वाहन में टक्कर मारत भाग निकलल. एह हादसा में तीन गो ‌पुलिस जवान घवाहिल हो गइले.

गोण्डा जिला के धानेपुर इलाका में बियफे का दिने चेकिंग का दौरान एगो कार से सात लाख रुपिया जब्त कइलसि पुलिस. यूपी पंचायत चुनाव के मद्देनजर आजुकाल चेकिंग चलत बा.

वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका में होलिका दहन का दिने भइल एगो नाबालिग के हत्या आ कई लोगन के गोली मारके घवाहिल करे का मामिला में पुलिस बियफे का दिने तीन जने के गिरफ्तार क लिहलसि.

देवरिया जिला के रूद्रपुर इलाका में बियफे का दिने भूसा मशीन से निकलल चिंगारी से आग पसर गइल आ एहसे पांच गो गांव के 200 एकड़ खेतन में खड़ा फसल जर के राख हो गइल.

बलिया जिला के सदर कोतवाली इलाका में शहर के ओवरब्रिज पर मोतरसाइकिल से जात सुखपुरा इलाका के सोबईबांध निवासी दयानंद तिवारी आ उनुका पत्नी कमलावती के ठाँवे पर मौत हो गइल. दुनु के उमिर साठ पार के रहुवे. उनुका मोटरसाइकिल के एगो बोलेरो वाला टक्कर मारत भाग गउवे.

कुशीनगर के नेबुआ नौरंगिया इलाका के एगो गाँव में जमीनी विवाद में दू फरीकन का बीच भइल लड़ाई में एगो औरत के मौत होखे के खबर बा. एगो अउर औरत घवाहिल भइल बिया.

मऊ के घोसी लोकसभा से बसपा सांसद अतुल राय यूपी सरकार से गोहार लगवले बाड़न अपने पार्टी के विधायक मुख़्तार अंसारी से अपना जान के खतरा बतवले बाड़न आ अपना सुरक्षा के गोहार मुख्यमंत्री, प्रमुख सचिव गृह, आ पुलिस महानिदेशक से लगवले बाड़न. एह बीच इहो पता लागल बा कि रोपड़ जेल में मुख्तार के सेवा में लागल एंबुलेंस भाजपा महिला मोर्चा के क्षेत्रीय महामंत्री डॉ अलका राय के हॉस्पिटल का नामे पंजीकृत बावे.

एह मार्च में जीएसटी राजस्‍व एक लाख 23 हजार 902 करोड रुपिया के बटोराइल बा. पिछला मार्च से ई 27 प्रतिशत अधिका बा. केन्‍द्र के कहना बा कि एहसे साफ होखत बा कि कोविड महामारी का बाद देश के आर्थिक स्थिति में सुधार हो रहल बा.

देश के शेयर बाजार में एह हफ्ता के आखिरी कामकाजी दिने बियफे के सेंसेक्स में 521 अंक के बढत आ निफ्टी में 177 अंक के बढत दर्ज भइल. ई तेजी कुछ चुनिन्दे शेयर में ना हो के समहर होखत लउकल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up