PawanSingh_ThokDeb
यश एण्ड राज इंटरटेन्मेंट के बैनर तले बनत, मधु सिंह के परोसल आ भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह अभिनीत फिलिम ‘‘ठोक देब’’ के शूटिंग पिछला दिने मुंबई आ सिलवासा के अनेके लोकेशन प करवा के पूरा क लीहल गइल.

निर्मात्री जे नीलम आ नरेन्द्र कौर (सिमरन) के एह फिलिम के निर्देशक हउवे अजय कुमार.

कलाकारन मे सुपरस्टार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, दिव्या द्विवेदी, मनोज दिवेद्वी, ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, अंजली श्रीवास्तव, विपीन सिंह, निलीमा सिंह अउर नवोदित सुजित गुप्ता बाड़े. साथही एहमे संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंता के अयटमो देखे के मिली.

मधु सिंह आ निर्देशक अजय कुमार एकरा के भोजपुरी फिलिमन ला मिसाल बतवत बाड़े. एकर एक्शन सबले खास बल बा फिलिम के.

गीतकार संगीतकार एस. कुमार, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकन-आर. आर. प्रिंस, एक्शन सिंह इज किंग आ वैंकेट, संपादक संजय जयसवाल.


(प्रशांत निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d