भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह अपना फिलिमन के प्रदर्शन सही समय प करवावे आ निर्माता के नुकसान से बचावे ला हमेशा आगे रहेलन. एह बदे उ कुछउ करे ला तइयार रहेलन.
हाल ही में एकर नमूना देखे के मिलल जब अपना फिलिम ‘प्रतिज्ञा-2’ के डबिंग ला खास क के हैदराबाद से मुंबई अइलन पवन सिंह आ तीने घंटा में अपना हिस्सा के डबिंग पूरा क दिहलन.
पवन सिंह हैदराबाद में अपना फिलिम ‘योद्धा’ की शूटिंग करत रहलन. ओहिजा पवन सिंह डे-नाईट क के फिलिम के क्लाईमेक्स पूरा करवलन जेहसे कि उ एक दिन के ब्रेक ले के मुंबई जा सकसु आ सुजीत तिवारी के परोसल ‘प्रतिज्ञा-2’ के डबिंग पूरी करा देसु.
प्रतिज्ञा-2 में पवन के भूमिका दमदार बा आ नायिका बाड़ी काजल राघवानी.
(प्रशांत निशांत)