‘दिलेर’ अबले के सबले बड़हन कामर्शियल मूवी ह – सुब्बा रॉव गोसांगी

by | Mar 19, 2013 | 0 comments

SubbaRao
भोजपुरी में फिलिम त बहुते बनेली सँ बाकिर कुछेके फिलिम होली स जे अपना कहानी, संगीत, बैनर, निर्माता आ प्रमोशन प्लान से आम जनता के धेयान खींचेले. एह घरी चरचा बा ‘दिलेर’ के जवना में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ अक्षरा सिंह के मुख्य भूमिका बा. एकर निर्देशक सुब्बा राव गोसांगी एहसे पहिले ‘शिवा’, ‘हीरो’, ‘आखिरी रास्ता’, ‘टाईगर’ जइसन चर्चित फिलिम निर्देशित कर चुकल बाड़े. अलगे स्टाइल के फिलिम बनावे में माहिर सुब्बा राव गोसांगी से पिछला दिने बातचीत करे के मौका मिलल. ‘दिलेर’ लेके ऊ पूरा उत्साहित बाड़ें.

सुब्बा राव जी, कवना बात ला ‘दिलेर’ के एतना चरचा होखत बा ?
अजी ‘दिलेर’ बड़लही बा चरचा लायक. ई बहुते बड़हन एक्शन फिलिम ह आ हम गारंटी क साथ कह सकीलें कि डाक्टर सुनील का जगहा दोसर केहू के प्रोजेक्ट रहल रहीत ई फिलिम त अतना बढ़िया ना बन पाइत. एहमें एक्शन बा, लव एंगल बा, मैलोडियस ड्रामा बा आ सबले खास बात एकर कमाल के संगीत बा. दोसरा फिलिमन से बहुते अलगा बा ‘दिलेर’.

एह फिलिम ला डा. सुनील कतना ‘दिलेरी’ देखवलन ?
(हंसत) हमरा तीस साल के कैरियर में डा. सुनील जइसन ‘दिलेर’ निर्माता नइखीं देखले. बहुते बढ़िया आदमी हउवें आ बहुते सींसियरो. उनुका से बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल हमरा.

एह फिलिम के नायक का बारे में का कहब?
डा. सुनील के ई फिलिम निरहुआ के बहुते उपर ले ले जाई. कमाल के एक्टर हउवन दिनेश जी. एह फिलिम में उनकर दिलेरी देखे जोग बा. कइसे चलत बाड़न, कइसे बोलत बाड़न. हर स्टाइले में दिलेरी! बाकिर ई हाई प्रोफाइल फिलिम ना बलुक आम आदमी के कहानी ह. जवन आम जनता के आकर्षित करी आ जवना से आम आदमी अपना के जोड़ के देखीहें. बहुते कुछ सोचे ला मजबूर करी ई फिलिम आ आम जनता के जगइबो करी.

बतौर निर्देशक ‘दिलेर’ से कतना तोस मिलल?
‘दिलेर’ क बारे में अतना त हम दावा से कह सकीलें कि हर आदमी एकरा के पसंद करी. हम पूरा संतुष्ट बानी एह फिलिम से. खुद डा. सुनील के कंपनी विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के दिहल मेलोडियस संगीत एकर खासियत बा, बहुते मीठ गीत संगीत बा एकर.

डा. सुनील के एगो अउरिओ फिलिम त करत बानी आप ?
जी हँ! हम डा. सुनील के अगिलको फिलिम निर्देशित करत बानी जवना के हीरो बाड़न बिहार के चर्चित गायक राकेश मिश्रा. राकेश के पहिला फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ के शूटिंग देखिए के हम तय कर लिहनी कि हमरा अगिला फिलिम के हीरो राकेशे मिश्रा होखीहें. कमाल के एक्टर बाड़ें राकेश आ बहुते आगा जइहें.


(शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up