Diler-insideHallनिर्माता डा. सुनील के चर्चित फिलिम ‘दिलेर’ बिहार में सफलता के रिकार्ड बनवला का बाद मुंबई में 20 सितम्बर से रिलीज हो गइल. ई पहिला भोजपुरी फिलिम रहल जवन मल्टीप्लेक्सो में रिलीज भइल आ सफलता के रिकार्ड बनवलसि.

एकर निर्देशक हउवें सुब्बाराव गोसांगी. कहानी खुद डा. सुनील कुमार लिखले बाड़न, स्क्रीनप्ले सुब्बा राव, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा अउर प्यारे लाल ‘कवि’ आ गीत लिखले बाड़न प्यारे लाल ‘कवि’. संगीत हवे विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के. कैमरा चलवले अमर, मारधाड़ करवले वेंकट आ नाच नचवले दिलीप एंथोनी अउर कानू मुखर्जी.

फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें – भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, अक्षरा सिंह, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, माया यादव, ऋचामणि त्रिपाठी, टार्जन, रूपा सिंह, मंटूलाल, संजय पांडे, आ सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d