sawariya-tohaseशुभम इंटरटेन्मेंट प्रोडक्शन एण्ड नार्थन इंटरटेन्मेंट के परोसा फिलिम ‘‘सावरिया तोहसे लागी कैसी लगन’’ के शूटिंग के शुरूआत पंकज केसरी आ अंजना सिंह पर गाना फिलिमा के शुरू कइल गइल. शूटिंग चांदीवली स्टूडियों में कइल गइल.

निर्माता विश्वनाथ पाटील आ सुभाष गौतम के एह फिलिम में पंकज केसरी, मोनालिसा, शुभी शर्मा, अनारा गुप्ता आ पंकज कमल के खास भूमिका बा. लेखक आ निर्देशक हउवें सभा वर्मा, गीतकार सचिदानंद कवच आ सभा वर्मा, संगीतकार गुणवंत सेन, छायांकनकार नीतू इकबाल सिंह, नृत्यनिर्देशक संतोष पलवनकर, कला निर्देशक दुर्गा मंटू गुप्ता, आ कास्टयूम डिजायनर श्वेता स्वाति हई.

एह फिलिम में सिनेमा भोजपुरी के हॉट गर्ल अंजना सिंह एगो खास गाना में नजर अइहें.


(प्रशांत निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: