PawanSingh-Danka
भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह एह घरी अपना नइकी फिलिम ‘बाज गईल डंका’ खातिर चरचा में बाड़न. हालही में पवन सिंह एह फिलिम के शूटिंग मुंबई आ विरार के अलग अलग लोकेशनन प पूरा क दिहलें.

‘बाज गईल डंका’ में पवन सिंह के इंसपेक्टर वाला किरदार एकदम नया लुक लिहले बावे. एहमें पवन सिंह के एक से बढ़ के एक स्टंटो देखे के मिली. फिलिम में पवन के जोड़ी हॉट नायिका काजल रघानी का साथे जमल बा.

निर्माता संजय मिश्रा आ र्निदेशक रविभूषण के एह फिलिम से पवन उछाह में बाड़न आ कहतारें कि भोजपुरी बॉक्स ऑफिस पर ‘बाज गईल डंका’ के डंका बाजी.

पवन सिंह एह साल ‘प्रतिज्ञा-2’ आ ‘कट्टा तनल दुपट्टा पे’ जइसन हिट फिलिम दे चुकल बाड़ें आ अब इहो फिलिम रिलीज ला तइयार बाटे.


(प्रशांत-निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d