भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ नंबर 1 अदाकारा पाखी हेगड़े आखिरकार निरहुआ के ‘आई लव यू’ कहिए दिहली. आ अतने कहि के ना चुपइले अब साथही जिए मरे के किरिओ खात बाड़ी. बाकिर एहसे अइसन वइसन कुछ सोचला के जरूरत नइखे काहे कि बात फिलिम के होखत बा. निरहुआ आ पाखी के नईकी फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ के. एह फिलिम में निरहुआ रिक्शावाला बनल बाड़ें आ पाखी उनुकर दिवानी. एह दिवानगी में एक दिन पाखी रिक्शावाला निरहुआ के आई लव यू कह देत बाड़ी. फेर निरहुआ आ पाखी के मिलन कइसे होखत बा इहे एह फिलिम में देखावल गइल बा.
निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि. प्रस्तुति आ वाहेगुरू मूवीज के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता बिट्टू सरदार आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव हउवें. साथी कलाकारन में किरन यादव, अनुप अरोड़ा, प्रकाश जैश, अनामिका, संजय पाण्डेय, आशा शर्मा, आलोक यादव आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा.
(प्रशांत निशांत)