भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिलिम “गइल भईंसिया पानी में” आ “पायल” बनवला का बाद निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह एगो एक्शन फिल्म ले के आवत बाड़े. एह फिल्म में सुपर स्टार पवन सिहं आ अक्षरा सिंह का अलावे संजय पाण्डेय, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राव आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. निर्देशक बाड़े नंद किशोर महतो.

गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल का बैनर में बने वाली एह फिल्म “बजरंग” के शूटिंग यूपी आ बिहार के वास्तविक लोकेशन पर करावल गइल बा. निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के कहना बा कि फिल्म में एक्शन का साथ रोमांस आ कामेडी के मसाला भरपूर बा. निर्देशक मंद किशोर महतो कहलें कि फिल्म पर निर्माता दिल खोल के खर्च कइले बाड़न. जीतेन्द्र प्रताप सिंह का साथ नंदकिशोर महतो तिसरका बेर निर्देशन कइले बाड़न. नायक पवन सिंह खातिर जेपी सिंह कैम्प के ई पहिलका फिल्म होखी आ कहले कि उनुका साथ काम करके बहुते आनन्द आइल. खलनायक जयो सिंह के अइसने कहना बा,

फिल्म के संगीत ओम झा के आ गीत जहाँगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान के बा. कहानी संतोष मिश्रा के लिखल ह. मानल जा रहल बा कि बजरंग सुपर डुपर हिट होखी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

2 thoughts on “पायल का बाद बजरंग ले के आवत बाड़े जेपी सिंह”
  1. BAJARANG THE MOST ACTION FILM IN BHOJPURI CINEMA

    IN THIS FILM ACTOR PAWAN SINGH ,ACTRESS AKSHARA SINGH , WILLION SANJAY PANDEY DO VERY HARD WORK.

    PRODUCCER MR.JITENDRA PRATAP SINGH , DIRECTOR NANDKISHORE MAHATO IS VERY SIMPLE MAN .I ALSO AN ARTIST IN FILM AS PAWAN SINGH’S FRIEND.

    MY NAME IS ROHIT SAINI
    MO.9594601960

Comments are closed.

%d bloggers like this: