मशहूर अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के आपन फिलिम कंपनी – पर्पल पेबल पिक्चर्स – भोजपुरी फिल्म बनावे जात बिया. एह फिलिम बमबम बोल रहा है काशी के हीरो हीरोइन होखीहें निरहुआ अउर आम्रपाली दूबे. एह फिलिम के लेखक निर्देशक हउवें संतोष मिश्रा.
मिस वर्ल्ड रह चुकल प्रियंका चोपड़ा हालीवुडो में काम कर चुकल बाड़ी. अमेरिकी धारावाहिक क्वान्टिको में इनका काम के भरपूर सराहल गइल रहे. प्रियंका चोपड़ा के कंपनी भोजपुरी, मराठी आ पंजाबी भाषा में फिलिम बनाई. एह साल प्रियंका के पद्मश्री सम्मानो मिलल बा.
प्रियंका चोपड़ा के बनावल भोजपुरी फिलिम में काम करे के मिलला से निरहुआ बहुते खुश बाड़न. उनकर कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा उद्योग में प्रियंका चोपड़ा के आगम बहुते खुशी के बात बा. भोजपुरी सिनेमा उद्योग में इनका अइला से खुशी के लहर पसर गइल बा.
(विद्युत मौर्य)