बढ़िया गीत गवनई फिलिमो से अधिका अइसहीं देखे सुने के मिली

by | Jun 26, 2023 | 0 comments


आजु यू ट्यूब पर घूमत अपना एगो पुरान दोस्त पंकज प्रवीण के गावल गाना मिल गइल. सुन के जिया के जवन खुशी मिलल कि सोचनी काहें ना रउरो सभ से ओह गवनई से भेंट करा दीं.

पेश बा –

शमा बुझ गइल
सगरो अन्हार हो गइल.
जिन्दगी प्यार से सूना हमार हो गइल.

तोहरा ही दम से हमार साँस ई चलत रहे
तू चल गइलू त जीयल मुहाल हो गइल.

तोड़ के रिश्ता नाता
छोड़ के साथ बुझाता
खो गइलू आसमाँ में तू कहीं.

वाह सजनजी
छोड़ के जनम के नाता
दे गइलू ई दर्द का कहीं,

दिल के धड़कन साँस के हलचल
सगरो लगे बेकार बा
बीच भँवर में नाव फँसल बा
हाथ में ना पतवार बा.

वाह सजनजी
मोड़ के राह बुझाता
ले गइलू अब आस भी कहीं,

पतझड़ के मौसम ई देख
जिनिगी में अब आ गइल
खुशी के एक एक कतरा कतरा
जिनिगी से छीना गइल.

वाह सजनजी
छोड़ के बाँह बुझाता
ले गइलू एहसास भी कहीं.

पिछला 10 मार्च 2023 के पहिला बेर यूट्यूब पर डालल एह गीत के अबहीं ले करीब वयालीस हजार बार सुनल जा चुकल बा. कवनो गैर फिल्मी गायक खातिर ई सम्मानजोग गिनिती बा. खास क के तब अउर जब एह गीत में ऊ फूहड़वन सुने के ना मिली जवना ला बहुते सभ्य लोग भोजपुरी के भला बुरा कहेला.

एमाटोज म्यूजिक के एह प्रस्तुति के लिखले आ गवले बाड़न पंकज प्रवीण. चंदन सिंह के संगीत आ आवाज का साथे एह गीत के रिकार्डिंग पटना के स्टूडियो हॉटबीट में करावल गइल बा. वीडियो बनवले बाड़न सुनील मिश्रा. संपादन आ ग्राफिक्स मनोज के0 मेहता कइले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up