बहुमुखी प्रतिभा के धनी रिंकू घोष आजु भोजपुरी सिनेमा के टॉप अभिनेत्रियन में गिनाली. हरेक निर्माता-निर्देशक-अभिनेता उनका साथे काम करे खातिर लालायित रहेला. कवनो किरदार में अपना के डूबो देबे में आ भाव-प्रवणता में उनकर कवनो सानी नइखे. इहे कारण बा कि हाल ही में भइल प्रथम ‘भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड’ समारोह में उनुका के फिल्म ‘बलिदान’ में उत्कृष्ट अभिनय खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री मान के सम्मानित कइल गइल. ओकरा बाद जब उनुका से बात भइल त जवन कहली ओही में से कुछ बात एहिजा पेश बा…

रिंकू जी, हाल ही में पहिलका भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह में रउरा के फिल्म ‘बलिदान’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री का तौर पर सम्मानित कइल गइल. हमरा ओर से मुबारकबाद ! बताईं, कइसन लागत बा ?

मुबारकबाद ला बहुत-बहुत धन्यवाद ! जहां तक महसूस करे के बाति बा त पकिया बा कि हम बहुते खुश बानी. बहुते नीमन लागत बा अवार्ड पा के. हम तहेदिल से किशन खदरिया जी आ अवार्ड समारोह चयन समिति के शुक्रगुजार बानी कि हमरा किरदार के पसंद कइल गइल. साथ ही हम अपना तमाम दर्शकनो के बहुते आभारी बानी जे लोग हमेशा हमरा काम के सराहल, पसंद कइल आ अपना नेह स्नेह से हमरा के सर-माथा पर बइठावल. हमार हौसला बढ़ावल.

का रउरा पहिले से अन्दाज रहल कि रउरा के सम्मानित कइल जाई ?

ना, अइसन त ना रहे. हँ अपना बेहतरीन परफार्मेंस आ ईश्वर पर बहुत भरोसा रहल. जब अवार्ड समारोह ला घर से निकले लगनी त मन ही मन ईश्वर से इहे प्रार्थना कइनी कि अगर हम वाकई अवार्ड के लायक बानी त हमार लाज रखीहऽ. आ अवार्ड पा के हम ईश्वर का सोझा मूड़ी नवावत बानी.

‘बलिदान’ में 60 बरीस के बुढ़िया के किरदार करे खातिर रउरा तईयार कइसे हो गइनी ?

दरअसल जब निर्देशक के.डी. साहब हमरा से फिल्म के स्क्रिप्ट पढ़ववलन आ हमार भूमिका समुझवलन त हम एह किरदार से प्रभावित हो गइनी. तब्बो के.डी. जी हमरा के सोचे खातिर दू दिन के समय दिहलन काहे कि एहमें हमरा एगो बुढ़िया के आ रवि किशन के महतारी के किरदार करे के रहल, आ हमरा खाते कवनो रोमांटिक गीतो वगैरह ना रहल. बाकिर साँच पूछीं त पहिलके सिटिंग में हमरा भूमिका भा गइल रहल इ हम तुरते हाँ कर दिहनी. मम्मी के त हमरा पर भरोसा रहल बाकिर डैडी मना कइलन. उनुका लागत रहे कि हम ना कर पायब. लेकिन फेर हमार लगन आ जिद देखके हमरा के हमरे हाल पर छोड़ दिहले.

आज जब अवार्ड मिल चुकल बा त परिवार वालन के का कहना बा ?

सभे खुश बा. सबसे खुश त हमार पापा भइलन, घरे चहुँपली त गले लगा के माथा चूमलन आ कहलन कि हम त ई फिल्म करे से मना कइले रहीं बाकिर अब ई अवार्ड हमार हऽ. हमार भाईयो बहुत खुश भइलन आ सगरी नातेदार रिश्तेदारनो के बहुते खुशी मिलल.

फिल्मन में भूमिका करे खातिर राउर का नजरिया ह ?

देखीं, जबे कवनो ऑफर मिलेला त पहिले त हम ओह भूमिका के खासियत देखीले, अपना के ओह किरदार में महसूस कर के देखीले कि हमरा से हो पाई कि ना. अगर चैलेंज जइसन लागल तबे करे के तईयार होनी.

एहिसे का कि जबे कवनो चैलेंजिंग भा भाव-प्रणव भूमिका के बाति आवेला त सबले पहिले राउरे नाम लिहल जाला ?

देखीं, हम अइसन ना मानीं काहे कि एहिजा अउरियो बहुते काबिल अभिनेत्री बा लोग. एहूपर अगर फिल्मकार हमरा साथे काम करल चाहेले त ई हमार बड़भाग बा आ ओह लोग के बड़प्पन. हम त बस इहे प्रार्थना करीले कि हमरा बढ़िया से बढ़िया भूमिका करे के मिले आ हम अपना दर्शकन के मनोरंजन कर सकीं.

अपनी आवे वाली फिल्मन का बारे में बताईं ?

हमार आवे वाली फिल्मन में ‘गंगा जमुना सरस्वती’, अंजनी कुमार निर्देशित ‘सईयां ड्राईवर बीवी खलासी’, एम.आई. राज निर्देशित ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ खास बाड़ी सण, हाल ही में हम निर्माता वसीम खान के इसरार खान निर्देशित फिल्म ‘अंधा कानून’ साइन कइले बानी मनोज तिवारी जी का अपोजिट. एह सगरी फिल्मन में हमार जोरदार किरदार बा आ सगरी से हमरा बहुते उम्मीद बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: